04 मार्च 2022 के राशिफल

दिनांक- 04/03/2022
श्री गणेशाय नमः 

आज के पंचांग

फागुन मास शुक्ल पक्ष

तिथि-द्वितीया

रात के 09 बजके 30 मिनट ले,

ओकरा बाद तृतीया।

दिन-सुक।

उत्तराभाद्रपद नक्षत्र

रात के 02 बजके 42 मिनट ले,

ओकरा बाद रेवती

शुभ जोग।

वालव करण।

श्री रामकृष्ण परमहंस जयंती।

 

काल्ह के पंचांग 

दिनांक-05/03/2022

फागुन मास शुक्ल पक्ष

तिथि-तृतीया

रात के 09 बजके 31 मिनट ले।

दिन-सनिचर।

रेवती नक्षत्र

रात के 03 बजके 28 मिनट ले।

शुक्ल जोग

रात के 01 बजके 41 मिनट ले।

तैतिल करणपञ्चकनिवृति:

रात के 03 बजके 28 मिनट पs।

 

आज के राशिफल 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

बेमन के जतरा पs जा सकेनी। निजी सुख में बाधा बन सकेला। संतान के जिम्मेवारी पूरा होई। परिवार के काम में बाझल रहेम। रचना के काम में सफलता मिली।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

 शिक्षा के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। आर्थिक ममिला आगा बढ़ी। बेवसायिक प्रतिष्ठा बढ़ी। जीवन साथी के सहजोग मिली।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

 रचना के काम में सफलता हाथे लागी। शिक्षा के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। जीविका के क्षेत्र में अड़चन आ सकेला। भाग-दउर रही।

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

आर्थिक ममिला में डेग आगा बढ़ी। पारिवारिक जिनगी सुख से भरल रही। कवनो काम के पूरा होखला से आत्म सम्मान बढ़ी।

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

राजनैतिक चाहत पूरा होई। सामाजिक काम में मन लागी। जीवन साथी के सहजोग भेंटी। सम्मान में इजाफा होई।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

रचना के काम में सफलता हाथे लागी। जीवन साथी से मतभेद हो सकेला। पारिवारिक जिम्मेवारी पूरा हो सकेला। शिक्षा के क्षेत्र में कइल गइल कोसिस सफल रही।

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

धरम-करम के प्रविर्ति बढ़ी। रचना के काम में सफलता मिली। उपहार भा सम्मान में इजाफा होई। स्वास्थ के धेयान राखीं।

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आर्थिक पक्ष मजबूत होई। घर के जरूरी सामान बढ़ी। सामाजिक काम में रुचि लेम। पारिवारिक प्रतिष्ठा बढ़ी। दामपत्य जिनगी सुख से भरल रही।

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

कइल गइल मेहनत सफल रही। जीवन साथी के सहजोग मिली। संबंध आउर गहिराह होई। कवनो काम के पूरा होखला से आत्म बिस्वास बढ़ी।

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

बेवसायिक योजना सफल रही। रचना के कोसिस सफल रही। मन में खुसी रही। रिस्तन में मजबूती आई।

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

 दोसरा से सहजोग लेवे में सफल रहेम। पारिवारिक जिनगी सुख से भरल रही। आर्थिक ममिला आगा बढ़ी। उपहार भा सम्मान बढ़ी।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

कवनों काम के पूरा होखला से आत्म सम्मान आउर बढ़ी। रिस्ता में मजबूती आई। पारिवारिक जिनगी सुख से भरल रही। बेवसायिक प्रतिष्ठा बढ़ी। रचना के काम में सफलता मिली।

 

Share This Article
व्याकरणाचार्य, ज्योतिर्विद् धार्मिक अनुष्ठान, भुमि शोधन आ गृह वास्तु परामर्श दाता +91-7607584170