[the_ad_group id="30365"]

05 मार्च 2022 के राशिफल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिनांक- 05/03/2022
श्री गणेशाय नमः 

आज के पंचांग

फागुन मास शुक्ल पक्ष

तिथि-तृतीया

रात के 09 बजके 31 मिनट ले,

ओकरा बाद चतुर्थी।

दिन-सनिचर।

रेवती नक्षत्र

रात के 03 बजके 28 मिनट ले,

ओकरा बाद अश्विनी।

शुक्ल जोग

रात के 01 बजके 41 मिनट ले,

ओकरा बाद ब्रह्म जोग।

तैतिल करण। पञ्चक निवृति:

रात के 03 बजके 28 मिनट पs।

 

काल्ह के पंचांग 

दिनांक-06/03/2022

फागुन मास शुक्ल पक्ष

तिथि-चतुर्थी।

रात के 10 बजके 05 मिनट ले।

दिन-अतवार

अश्विनी नक्षत्र

रात के 04 बजके 44 मिनट ले।

ब्रह्म जोग

रात के 01 बजके 04 मिनट ले।

वलव करण।

सर्वार्थ सिद्धि जोग

रात के 04 बजके 44 मिनट ले।

रविजोग

रात के 04 बजके 44 मिनट ले।

 

आज के राशिफल 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

बेकार के उलझन रही, स्वास्थ के लेलके धेयान रखला के जरूरत बा। आर्थिक ममिला आगा बढ़ी।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

 उपहार भा सम्मान मिली। बहुत उमेद के काम सफल रही। बेवसायिक प्रतिष्ठा बढ़ी। जीवन साथी के सहजोग मिली।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

 आर्थिक ममिला आगा बढ़ी। शिक्षा के वजे से चिंता रही। स्वास्थ के लेके सचेत रहला के जरूरत बा। साही खरचा से बांची।

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

जीविका के क्षेत्र में कइल गइल कोसिस सफल रही। जतरा के संजोग बन सकेला। शिक्षा से जुडल प्रतियोगिता के क्षेत्र में कइल गइल मेहनत सफल रही। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं।

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

संतान के जिम्मेवारी पूरा होई। मानसिक तनाव बन सकेला। धन-सम्मान यश आ किर्ति बढ़ी। जीवन साथी के सहजोग भेंटी।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

आर्थिक ममिला आगा बढ़ी, घर के जरूरी सामान बढ़ी। दामपत्य जिनगी सुख से भरल रही। बेवसायिक प्रतिष्ठा बढ़ी।

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

रचना के कोसिस में सफलता मिली, स्वास्थ के लेके धेयान रखला के जरूरत बा। आर्थिक पक्ष मजबूत होई। बेवसायिक कोसिस सफल रही। भाग-दउर बनल रही।

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

पारिवारिक जिनगी सुख से भरल रही, शासन सत्ता के सहजोग मिली। सामाजिक प्रतिष्ठा बढ़ी, धन यश आ किर्ति आउर बढ़ी। जीवन साथी के सहजोग रही।

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

केहु से तनाव मिल सकेला। स्वास्थ के लेके धेयान रखला के जरूरत बा। भाग-दउर के इस्तिथी बनी। रचना से जुडल कोसिस सफल रही।

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

भाई-बहिन के सहजोग मिली। बहुत उमेद के काम काम पूरा होई। बेवसायिक कोसिस सफल होई। जतरा-देसाटन के इस्तिथी सुख से भरल रही। कवनो काम के पूरा होखला से आत्म विस्वास बढ़ी।

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

संतान भा शिक्षा के वजे से चिंता हो सकेला। पारिवारिक जिम्मेवारियन के पूर्ति होई। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। जीविका के क्षेत्र में कइल गइल मेहनत सफल रही।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आर्थिक पक्ष मजबूत होई। सामाजिक काम में मन लागी। दामपत्य जिनगी सुख से भरल रही। रचना के कोसिसन में सफलता मिली। सफल जतरा संभव बा।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]