Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

03 मार्च 2002 के राशिफल

247
सीवान इन्शुरेंस 720 90

दिनांक- 03/03/2022
श्री गणेशाय नमः 

आज के पंचांग

फागुन मास शुक्ल पक्ष

तिथि-प्रतिपदा

रात के 09 बजके 58 मिनट ले,

ओकरा बाद द्वितीया।

दिन-बियफे।

पूर्वभाद्रपद नक्षत्र

रात के 02 बजके 27 मिनट ले,

ओकरा बाद उत्तराभाद्रपद,

साध्य जोग

रात के 04 बजके 11  मिनट ले,

ओकरा बाद शुभ जोग।

किस्तुघ्न  करण।

 

काल्ह के पंचांग 

दिनांक-04/03/2022

फागुन मास शुक्ल पक्ष

तिथि-द्वितीया

रात के 09 बजके 30 मिनट ले।

दिन-सुक

Middle Yayawari

उत्तराभाद्रपद नक्षत्र

रात के 02 बजके 42 मिनट ले।

शुभ जोग

रात के 02 बजके 44  मिनट ले।

वालव करण।

श्री रामकृष्ण परमहंस जयंती।

 

आज के राशिफल 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

 जतरा देशाटन के इस्तिथी सुख से भरल रही। बेवसायिक कोसिस सफल रही। बोली पs धीर राखीं। कइल गइल मेहनत सफल रही।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

  काम के क्षेत्र पs प्रभाव पड़ी, मन असांत रही। रोग तनाव के कारण बनी। सूरज के उपासना करीं।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

  धरम-करम में रुचि बढ़ी। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। उच्च अधिकारी भा घर के मुखिया के सहजोग मिली।

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

 कवनो काम के पूरा होखला से आत्म सम्मान बढ़ी। जीवन साथी के सहजोग मिली। बहुत उमेद के काम पूरा होखला से प्रतिष्ठा बढ़ी।

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

  संतान के जिम्मेवारी पूरा होई। जीवन साथी के सहजोग भेंटी। शिक्षा के क्षेत्र में कइल गइल मेहनत सफल रही। बेवसायिक प्रतिष्ठा बढ़ी।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

  बेवसायिक ममिला आगा बढ़ी। जीवन साथी के सहजोग मिली। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। संतान के जिम्मेवारी पूरा होई।

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

 धरम-करम के प्रविर्ति बढ़ी। रचना के काम में सफलता मिली। उपहार भा सम्मान में इजाफा होई। स्वास्थ के धेयान राखीं।

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

 जीविका के क्षेत्र में डेग आगा बढ़ी, संतान के जिम्मेवारी पूरा होई। दामपत्य जिनगी में तनाव आ सकेला। भाग-दउर जइसन इस्तिथी बनी।

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

 रोग आ विरोधी तनाव के वजे बन सकेला। रचना के काम में सफलता मिली। उपहार भा सम्मान में बढ़न्ती होई। जीवन साथी के सहजोग मिली।

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

पारिवारिक जिम्मेवारी पूरा होई। स्वास्थ के लेके सचेत रहीं। जीविका के क्षेत्र में कइल गइल मेहनत सफल रही। शिक्षा का क्षेत्र में सफलता मिली।

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

 धीरज से काम लीं। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। भाग-दउर रही। चिंता से ग्रस्त रह सकेनी।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

 आर्थिक पक्ष मजबूत होई। घर के जरूरी सामान बढ़ी। बाकिर स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। रचना के काम सफल रही।

 

224300cookie-check03 मार्च 2002 के राशिफल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.