[the_ad_group id="30365"]

जर्मनी में खुली गांजा के ठेका! युवा लोग खातिर योजना ला रहल बा जर्मन सरकार, नशा कइल होई वैध

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जर्मनी के सरकार वयस्कन खातिर मनोजरंक गांजा के वैध करे के योजना बना रहल बा। अगर सब कुछ ठीक रहल तो एगो निश्चित मात्रा में गांजा रखल इहां कानूनी रूप से वैध होई। हालांकि, एह नयका कानून के कई विवरण पर काम कइल गइल बाकी बा।

सीएनएन के मुताबिक, जर्मन सरकार वयस्कन खातिर मनोरंजक भांग के एगो निश्चित मात्रा वैध बनावे खातिर सहमत हो गइल बा। हालांकि, एह कानून के पेश होने से पहिले जर्मन सरकार के यूरोपीय संघ के कानून के साथ सामंजस्य स्थापित करे के होई। अगर अइसन होsता त यूरोपीय देश में जर्मनी अइसन करे वाला पहिला देश हो जाई।

चांसलर के कैबिनेट से मिलल सहमति

चांसलर ओलाफ स्कोल्ज के कैबिनेट गांजा के निश्चित मात्रा के वैध करे के अनुमोदन के स्वीकृति दे देहले बा। एकरे बाद जर्मनी के स्वास्थ्य मंत्री कार्ल लॉटरबैक वयस्कन के बीच गांजा के नियंत्रित वितरण अउर मनोरंजक उपयोग के अनुमति देहले के योजना के घोषणा कइलस।

30 ग्राम ले होई वैध

सीएनएन के मुताबिक, नए प्रस्ताव के तहत वयस्कन के 30 ग्राम ले गांजा रखले के अनुमति होई। प्रस्तावित कानून के तहत लाइसेंस प्राप्त दुकान अउर फार्मेसी पर वयस्कन के सीमित मात्रा में गांजा बेचे के अनुमति होई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]