[the_ad_group id="30365"]

हटा दीहल गइलें अवध विश्वविद्यालय के कुलपति प्रो.रविशंकर सिंह,

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अवध विश्वविद्यालय के कुलपति प्रो.रविशंकर सिंह के पद से हटा दिहल गइल बा. चर्चा बा कि नियुक्ति में गड़बड़ी के शिकायत के चलते राजभवन इस्तीफा लेले बाड़े। जबकि कुलपति प्रो.सिंह के कहना बा कि स्वास्थ्य का चलते ऊ इस्तीफा दे दिहले बाड़न.

मिलल जानकारी के मुताबिक प्रो रविशंकर सिंह के जगह प्रो अखिलेश सिंह के विश्वविद्यालय के कुलपति के अतिरिक्त प्रभार दिहल गईल बा। उहो आपन कब्जा जमा लेले बाड़े। बतावल जा रहल बा कि विश्वविद्यालय के कुछ शिक्षक गलत नियुक्ति के लेके कुलपति से शिकायत कईले रहले। ए मामला में उनुका खिलाफ गोपनीय जांच चलत रहे। ए मामला में उनुका के इस्तीफा दे दिहल गईल।

उनुका जगहा राजेन्द्र सिंह रज्जू भैया राज्य विश्वविद्यालय प्रयागराज के कुलपति प्रो.अखिलेश सिंह के अवध विश्वविद्यालय के अतिरिक्त प्रभार दिहल गइल बा. उहो आजु प्रभार सम्हरले बाड़न. प्रो.रविशंकर सिंह एहसे पहिले काशी हिन्दू विश्वविद्यालय में भूविज्ञान के प्रोफेसर रहल बाड़न. इहाँ से उ अवध विश्वविद्यालय के कुलपति बनले।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]