[the_ad_group id="30365"]

नेशनल हेराल्ड मामला : सोनिया अवुरी राहुल गांधी के ईडी भेजलस नोटिस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बुध के दिने प्रवर्तन निदेशालय के ओर से एगो बड़ कार्रवाई भईल बा, नेशनल हेराल्ड मामला में ईडी कांग्रेस अध्यक्ष सोनिया गांधी अवुरी राहुल गांधी के नोटिस भेजले बा। कांग्रेस नेता अभिषेक मनु सिंघवी कहले कि बदला लेवे के भावना में सरकार आन्हर हो गईल बिया। ई हमनी के डेरवावे खातिर कइल जा रहल बा, बाकिर हमनी के ना डेराएब जा ना झुकब जा। एकर सामना हिम्मत से करीहें. कांग्रेस नेता अभिषेक मनु सिंघवी अवुरी रणदीप सुरजेवाला एगो प्रेस कॉन्फ्रेंस में बतवले कि, ईडी 8 जून के सोनिया गांधी से पूछताछ खाती बोलवले बाड़े।

ईडी हाल ही में यंग इंडियन के खिलाफ कथित वित्तीय गड़बड़ी के मामला दर्ज कईले रहे। एकर मालिकाना हक नेशनल हेराल्ड के बा। प्रवर्तन निदेशालय के अधिकारी बतवले कि सोनिया अवुरी राहुल गांधी के मनी लांड्रिंग रोकथाम कानून (पीएमएलए) के आपराधिक धारा के तहत बयान दर्ज करे खाती नोटिस जारी क दिहल गईल बा। एकरा से पहिले एजेंसी कांग्रेस के नेता मल्लिकार्जुन खर्गे अवुरी पवन बंसल से भी पूछताछ कईले रहे।

मोदी सरकार उहे कर रहल बिया जवन अंगरेज कइले रहले

कांग्रेस नेता रणदीप सुरजेवाला कहले कि, नेशनल हेराल्ड अखबार के शुरुआत 1942 में भईल रहे, ओ समय अंगरेज एकरा के दबावे के कोशिश कईले। आज मोदी सरकार भी अयीसने करतिया अवुरी एकरा खाती ईडी के इस्तेमाल कईल जाता। उ बतवले कि ईडी सोनिया गांधी अवुरी राहुल गांधी के नोटिस भेजले बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]