[the_ad_group id="30365"]

गोवा में राम राज्य?: पांच साल में CBI के नाइ मिलल भ्रष्टाचार के एक्को केस, अफसर बोललें- हां हमनीके जरूरत नाइ बा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

ऊ कहलें, हमके गोवा में कौनो भी भ्रष्ट गतिविधि के बारे में कब्बो कौनो फोन नाइ आइल, जेमें हमार हस्तक्षेप मांगल गइल होखें। न जनता से, न मीडिया से कौनो शिकायत मिलल। ऊ कहलें, गोवा में कौनोभ्रष्टाचार नइखे अउर इहां हमनीके जरूरत नाइ बा।

बीतल एक साल में खाली तीन मामिला

एसे पहिले बुध के मीडिया से बात करत एसपी (सीबीआई) आशीष कुमार कहले रहनें कि पिछले एक साल में हमनीके खाली तीन मामला दर्ज कइल गइल बा। एमें दू मामला केनरा बैंक के भीतर ऋण धोखाधड़ी से जुड़ल बा अउर एक मामला आय से अधिक संपत्ति के बा। पिछले चार बरिस में हमनीके रिश्वत के एक्को शिकायत नाइ मिलल रहे। आखिरी शिकायत 2018 में आइल रहे। अइसे में हम कह सकतनी कि गोवा में राम राज्य आ गइल बा।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]