[the_ad_group id="30365"]

करप्शन में फंसल सीओ पर कार्रवाई, सीएम योगी बनवलें इंस्पेक्टर, रामपुर में रिश्वत लेत वीडियो भइल रहे वायरल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

यूपी के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ भ्रष्टाचार पर जीरो टॉलरेंस अपनावत बड़ कार्रवाई कइले बानें। मुख्यमंत्री योगी रिश्वत लेहले के आरोपी पुलिस उपाधीक्षक/सीओ के इंस्पेक्टर बनावे के निर्देश दिहले बानें।
रामपुर में तैनात रहल तत्कालीन सीओ सिटी विद्या किशोर शर्मा के अनुशासनहीनता के आरोप में उनके मूल पद पर प्रत्यावर्तित कर दिहल गइल बा। मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के ओर से ट्वीट कs के एकर जानकारी दीहल गइल बा।
रामपुर में तैनात रहल एगो सीओ सिटी पर भ्रष्टाचार के आरोप लागल कि रिश्वत लेत उनकर एगो वीडियो वायरल भइल रहे। एह मामिला के जांच डीआईजी करवले रहने। प्रारंभिक जांच में आरोप के पुष्टि होखले के बाद उनकर तबादला इहां क दिहले गइल रहे।

बाद में उनके शासन स्तर से निलंबित कर दिहल गइल रहे अउर विभागीय जांच बैठा दीहल गइल रहे। मंगलवार के मुख्यमंत्री के आधिकारिक ट्विटर हैंडल पर एह बात के जानकारी दीहल गइल रहे कि रामपुर में तैनात रहल तत्कालीन सीओ सिटी विद्या किशोर के उनके मूल पद पर प्रत्यावर्तित कs दिहल गइल बा। अब विद्या किशोर शर्मा के पदावनत कs के इंस्पेक्टर बना दिहल गइल रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]