छपरा: राम जयपाल कॉलेज के छात्र जैवलिन थ्रो प्रतियोगिता में गोल्ड मेडल हासिल कइलस 

Share

छपरा। रामजयपाल कॉलेज इन्टरमीडिएट के छात्र आ एनसीसी कैडेट आयुष कुमार पांडेय जिला स्तरीय विधालय खेल प्रतियोगिता 2023 में अंडर 17 भाला फेंक (जैवलीन थ्रो) स्पर्धा में 37.6 मीटर भाला फेंक के गोल्ड मेडल प्राप्त कइलें। गोल्ड मेडल प्राप्त होखला के संगही आयुष कुमार पांडेय राज्य स्तरीय प्रतियोगिता खातिर जिला टीम में आपन जगह सुनिश्चित कs लेले बाड़ें।

आयुष के सफलता पs कॉलेज के प्राचार्य डा. इरफान अली , एनसीसी के एनओ प्रो.शकील अहमद प्राचार्य कक्ष में बुलाके छात्र के सम्मानित कइला के संगही राज्य स्तरीय प्रतियोगिता में बेहतर प्रदर्शन करे खातिर प्रेरित कइल लो। प्राचार्य कहलें छात्रन के पढ़ाई के संगे-संगे खेल आ आउर सामाजिक गतिविधियन में सक्रिय भूमिका निभावे के चाहीं। ऊ कहलें कि वर्तमान समय में खेल में करियर के बेहतर मवका प्राप्त हो रहल बा। आशीष के कॉलेज के आउर शिक्षक लोग उनका के विशेष रूप से बधाई दिहल आ उनका उज्जवल भविष्य के कामना कइल लो।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-