Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Iqbal Abdulla: फैंस खातिर आइल बहुत बेकार खबर, इ खिलाड़ी अचानक से कइले संन्यास के ऐलान

मुंबई के लेफ्ट आर्म स्पिनर इकबाल अब्दुल्ला क्रिकेट के हर फॉर्मेट से संन्यास लेबे के एलान कइले बाड़न। इकबाल अब्दुल्ला 33 साल के उमिर में क्रिकेट से अलविदा कह दिहले बाड़न।

2,522

Iqbal Abdulla : साल 2008 में मलेशिया में खेलल गइल अंडर-19 क्रिकेट विश्व कप कई मायने में खास रहल। ई विश्व कप भारत के नाम पs भइल आ भारत के विराट कोहली आ रविन्द्र जडेजा जइसन दू गो मजबूत खिलाड़ी मिलल। एह टूर्नामेंट में एगो अउरी खिलाड़ी के प्रदर्शन सभकर ध्यान अपना ओर खींचलस आ आईपीएल में भी बहुत नाम अर्जित कइलस। बाकिर ई खिलाड़ी अचानक क्रिकेट के सगरी फॉर्मेट से संन्यास लेबे के एलान कs दिहले बाड़न।

ई खिलाड़ी अचानक लिहले संन्यास

मुंबई के लेफ्ट आर्म स्पिनर इकबाल अब्दुल्ला क्रिकेट के हर फॉर्मेट से संन्यास लेबे के एलान कइले बाड़न। इकबाल अब्दुल्ला 33 साल के उमिर में क्रिकेट से अलविदा कह दिहले बाड़न। आलराउंडर अब्दुल्ला कोहली के कप्तान में रॉयल चैलेंजर्स बेंगलुरु खातिर आईपीएल में भी खेलले रहले। उ कोलकाता नाइट राइडर्स, राजस्थान रॉयल्स अवुरी कोलकाता नाइट राइडर्स के टीम के भी हिस्सा रहले। मुंबई के अलावा अब्दुल्ला घरेलू क्रिकेट में मिजोरम, सिक्किम, केरल आ उत्तराखंड खातिर भी खेलले रहलें।

घरेलू क्रिकेट में बेहतरीन प्रदर्शन

इकबाल अब्दुल्ला के कैरियर के बात कइल जाव तs ऊ 71 गो प्रथम श्रेणी के मैच में 29.17 के औसत से 220 विकेट लिहले, एकरा अलावा ऊ 32.20 के औसत से 2641 रन भी बनवले। लिस्ट ए के 98 गो मैच में ऊ 27.47 के औसत से 131 विकेट लिहले, एकरा अलावे 20.98 के औसत से 1196 रन बनवले, आ 104 टी-20 में 27.33 के औसत से 86 विकेट लेले, जबकि 17.04 के औसत से 426 रन बनवले। अब्दुल्ला 2009-10, 2012-13 आ 2015-16 में मुंबई के तीन गो रणजी ट्रॉफी जीते वाली टीमन के हिस्सा रहलें। उ 2016 के आईपीएल फाइनल में पहुंचल आरसीबी टीम के सदस्य भी रहले।

सोशल मीडिया पs कइले संन्यास के एलान

सोशल मीडिया पs संन्यास के एलान करत इकबाल अब्दुल्ला लिखले कि भारी दिल से , समय आ गईल बा कि हम ए प्रतियोगी खेल के अलविदा कह दीं, जवन हमरा के बहुत पहचान, एक्सपोजर देले बा अवुरी आज जवन बानी, उ बना देले बा। हमरा लगे प्यार करे वाला परिवार आ दोस्तन के आशीर्वाद मिलल बा जे हमरा समय के हर पल में हमरा साथे खड़ा रहल बाड़े। जूता टांगल कबो आसान ना होखेला लेकिन हर चीज़ के आपन समय होखेला।

 

 

 

667770cookie-checkIqbal Abdulla: फैंस खातिर आइल बहुत बेकार खबर, इ खिलाड़ी अचानक से कइले संन्यास के ऐलान

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.