[the_ad_group id="30365"]

राजपाल यादव पर लागल धोखाधड़ी के आरोप, इंदौर पुलिस अभिनेता के खिलाफ जारी कइलस नोटिस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बॉलीवुड अभिनेता राजपाल यादव एह इंडस्ट्री के बेहतरीन कलाकारन में से एक हउवें. ऊ फिलिमन में हास्य भूमिका निभाव के लोगन के दिल में अपना खातिर एगो खास जगह बनवले बाड़न. एकरा संगे-संगे अब उ मुसीबत में देखाई देताने। अब इंदौर पुलिस अभिनेता के 20 लाख रुपया के घपला करे के आरोप में नोटिस जारी क देले बिया। उनुका 15 दिन के भीतर पुलिस के सोझा पेश होखे के होई।

20 लाख के धोखाधड़ी के आरोप

बिल्डर सुरिंदर सिंह पुलिस के शिकायत देले रहले कि राजपाल यादव के अपना बेटा के फिल्म इंडस्ट्री में सपोर्ट अवुरी प्रोमोट करे खाती 20 लाख रुपया लेले बाड़े। लेकिन अब तक बेटा के कवनो काम ना मदद मिलल बा। जब उनुका से पईसा वापस देवे के कहल गईल त उ गायब हो गईले। अब उ ना त फोन उठावत बाड़े ना पईसा लौटावत बाड़े। ए सभ से परेशान बिल्डर तुकोगंज पुलिस के शिकायत देले रहे।

नोटिस के जवाब 15 दिन में देवे के होई

शिकायत दर्ज होखते पुलिस तुरंत प्रभाव से जांच शुरू क देलस। अब अभिनेता के खिलाफ नोटिस जारी क के 15 दिन बाद पेश होखे के कहल गईल बा। मामला के जांच करेवाला सब इंस्पेक्टर ललन मिश्र बतवले कि सुरिंदर सिंह पछिला सप्ताह ए मामला के शिकायत देले रहले। एही के आधार प अभिनेता के नोटिस जारी कईल गईल बा अवुरी उनुका से 15 दिन में जवाब देवे के कहल गईल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]