[the_ad_group id="30365"]

सिनी शेट्टी जितली ‘मिस इंडिया वर्ल्ड 2022’ के खिताब

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

वीएलसीसी फेमिना मिस इंडिया के ग्रैंड फिनाले में अतवार का दिने कर्नाटक के सिनी शेट्टी के फेमिना मिस इंडिया वर्ल्ड-2022 के विजेता घोषित कइल गइल. जियो वर्ल्ड कन्वेंशन सेंटर में आयोजित समारोह में राजस्थान के रुबल शेखावत फेमिना मिस इंडिया-2022 के ‘पहिल उपविजेता’ अवुरी उत्तर प्रदेश के शिनाता चौहान के ‘दूसरा उपविजेता’ बनावल गईल। एह चयन बोर्ड में अभिनेत्री नेहा धुपिया आ मलाइका अरोड़ा, दीनो मोरिया, पूर्व क्रिकेटर मिताली राज, डिजाइनर रोहित गांधी आ राहुल खन्ना, कोरियोग्राफर शियामक दावर शामिल रहलें.

हम बता दीं कि ई प्रतियोगिता वर्चुअल ऑडिशन के माध्यम से शुरू भइल रहे। देश के हर कोना से प्रतिभा भाग लिहलसि आ खोज के चरम पर पूरा प्रक्रिया का माध्यम से 31 राज्यन से विजेता लोग के शॉर्टलिस्ट कइल गइल.

आयोजकन के ओर से जारी बयान के मुताबिक- इ शॉर्टलिस्ट फाइनल में पहुंचल लोग मुंबई पहुंच के फेमिना मिस इंडिया वर्ल्ड 2022 खाती मुकाबला करे खाती ट्रेनिंग अवुरी ग्रूमिंग सेशन में भाग लेले।

मिस इंडिया रहल नेहा धुपिया कहली कि फेमिना मिस इंडिया के एह प्रतियोगिता में हमरा अनुभव के याद अनमोल बा. उत्साह आ क्षमता से भरल एह नवहियन आ ग्लैमरस लड़िकियन का साथे हमार सफर हर पल के रिलाइव जइसन बा.

सितारन से भरल एह शाम में कृति सैनन, लॉरेन गोटलीब आ ऐश चांडलर आपन प्रस्तुति दिहली. साथही एह शो के होस्टिंग मनीश पॉल कइले रहले.

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]