[the_ad_group id="30365"]

Rajasthan Politics: मंत्री पद से किरोड़ीलाल मीणा देलें इस्तीफा, लोकसभा परिणाम के बाद निभवलें आपन वचन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

राजस्थान के राजनीति से जुड़ल बड़ खबर सामने आइल  बा। राजस्थान के भजनलाल सरकार के कैबिनेट मंत्री किरोड़ीलाल मीणा अपना पद से इस्तीफा दे देले बाड़ें। लोकसभा चुनाव में दौसा सीट पs भइल हार के बाद किरोड़ीलाल मीणा के इस्तीफा देवे के कयास सुरू हो गइल  रहे। किरोड़ीलाल मीणा खुद एकर खुलासा कइले बाड़ें। किरोड़ी लाल कहलें कि सब सरकारी सुविधन से दूरी बना लेले बानी। हम पहिलही जनता के बीच एलान कs देले रहनी।

सीएम भजनलाल के सामने कहले रहस राजनीति छोड़े के बात

गौर करे वाला बात बा कि टोंक में सीएम भजनलाल शर्मा के मवजदगी में डॉ. किरोड़ी लाल मीणा कहले रहस कि जदि के केहू पांच बरिस में सुखबीर जौनापुरिया के पराजित करे वाला हरीश मीणा के मोबाइल नंबर आ ठिकान बता दी तs हम राजनीति छोड़ देम। किरोड़ी लाल मीणा जौनापुरिया खातिर कहलें कि ऊ सांसद रहलें आ 10 साल तक रउआ लोगिन के खूब सेवा कइलें, बाकिर रउआ पता ना कवना लोगन के बहकावा में आके उनका के हरवा देनी लो।

डॉ. किरोड़ी लाल मीणा कहलें कि बहुत जल्दिये मुख्यमंत्री भजनलाल शर्मा के नेतृत्व मे पीएचईडी मंत्री हर घर तक पीये के पानी पहुंचावे वाला बाड़ें। मंत्री हीरालाल नागर के ऊर्जा विभागो अगिला डेढ़ बरिस में एह तरे के बेवस्था कs दी कि किसानन के चौबीसो घंटा बिजली मिल सकी।

2 बेर रहल बाड़ें सांसद

किरोडी लाल मीणा छव बेर के विधायक हवे आ दूसरका बेर मंत्री बनल रहस। एकरा संगही दु बेर के सांसद आ एक बेर के राज्यसभा सांसदो रह चुकल बाड़ें। किरोडीलाल मीणा भजनलाल सरकार में खाद्य आ नागरिक आपूर्ति, आपदा प्रबंधन आ सहायता विभाग आउर श्रम नियोजन जइसन बड़ विभाग संभारत रहलें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]