Weather Update Today : नोरु चक्रवात के असर से हो रहल बा बरखा, एह राज्यन में भारी वर्षा के अलर्ट

Share

देश के कइयन राज्यन में दशहरा प कहीं तेज त कहीं हलुका बरखा भइल। एह कारण दुर्गा पूजा विसर्जन आ रावण दहन कार्यक्रमन में खलल पड़ल। दरअसल चीन सागर में नोरु तूफान के वजह से बंगाल के खाड़ी में कम दबाव के क्षेत्र आ चक्रवाती हवा चल रहल बा, एह कारण नमी मिलला से बरखा हो रहल बा। ई सिलसिला मध्य अक्तूबर तक जारी रहला के अनुमान बा।

नोरु तूफान के वजह से देश के कुछ राज्यन में मानसून अभियो रुकल बा आ ओकरा वापसी में विलंब हो रहल बा। स्कायमेट के अनुसार कम दबाव के क्षेत्र आ चक्रवाती हवा के क्षेत्र आंध्र प्रदेश आ अगरी-कगरी के क्षेत्रन प बनल बा। एगो ट्रफ रेखा आंध्र प्रदेश के ऊपर कम दबाव के क्षेत्र से जुड़ल आउर चक्रवाती हवा के क्षेत्र से समूचा उत्तर पश्चिम उत्तर प्रदेश आ मध्य प्रदेश तक फइलल बा। ताजा बरखा से रबी के जल्दी बोआई करे वाला राज्यन के किसानन के राहत मिली, ओहिजा, सब्जियन आ फूलन के खेती पs एकर विपरीत असर पड़ सकत बा।

यूपी आ उत्तराखंड खातिर रेड आ ऑरेंज अलर्ट

मौसम विभाग के अनुसार यूपी आ उत्तराखंड के कुछ हिस्सन में अगिला कुछ दिन ले बारिश होई। विभाग यूपी आ उत्तराखंड के खातिर ऑरेंज अलर्ट जारी कइले बा। 7-8 अक्तूबर के उत्तराखंड के कुमाऊं आ गढ़वाल अंचल में अत्यंत भारी बरखा के संभावना जतावत रेड अलर्ट जारी कइल गइल बा। एही तरे यूपियो में अगिला दु तीन दिन खातिर ऑरेंज अलर्ट जारी कइल गइल बा। ओहिज, मध्यप्रदेश, छत्तीसगढ़, ओडिशा, आंध्र प्रदेश में कुछ क्षेत्रन में भारी वर्षा के संभावना बा।

दिल्ली एनसीआर में बरखा संभव

एने, दिल्ली एनसीआर में करीब एक हफ्ता तक बादल छाइल रहला आ हलुका बरखा होखला के अनुमान बा। ओने, पश्चिम बंगाल, बिहार, झारखंड, सिक्किम समेत देश के पूर्वी राज्यन में अगिला कुछ दिनन में भारी बरखा के संभावना बा। मौसम विभाग के महानिदेशक मृत्युंजय महापात्रा के अनुसार अबकी बेर मानसून 13 अक्टूबर तक लौटी।

20 राज्यन खातिर येलो अलर्ट

मौसम विभाग देश के 20 राज्यन में बरखा के लेके येलो अलर्ट जारी कइले बा। माने इहां गरज चमक आ तेज हवा के संगे हलुका से मध्यम बरखा हो सकत बा। ई राज्य बा- यूपी, बिहार, मध्य प्रदेश, झारखंड, पश्चिम बंगाल, ओडिशा, छत्तीसगढ़, महाराष्ट्र, तेलंगाना, पुड्डुचेरी, आंध्रप्रदेश, तमिलनाडु, केरल, सिक्किम, असम, मेघालय, नागालैंड, मणिपुर, मिजोरम आ त्रिपुरा।

बुध के एह जगहन प भइल बरखा

  • निजी मौसम एजेंसी स्कायमेट के अनुसार पश्चिम बंगाल, बिहार, असम, मेघालय, झारखंड, मध्य प्रदेश आ ओडिशा के कुछ हिस्सन में हलूक से मध्यम बरखा भइल।
  • उत्तर पूर्व भारत, बिहार, झारखंड, उप हिमालयी, पश्चिम बंगाल, ओडिशा, छत्तीसगढ़ आ केरल में छुटपुट बरखा भइल रहे।
  • तमिलनाडु, लक्षद्वीप, उत्तराखंड आ कोंकण आउर गोवा में हलुका बरखा दर्ज कइल गइल रहे।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-