[the_ad_group id="30365"]

2 मंजिला इमारत पर चढ़ल सांड, 4 सरकारी विभाग के कर्मचारियन के कइलस परेशान, सांसत में लोग

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बुंदेलखंड के महोबा जिला में गोवंश का सड़क पर दिखल कौनो हैरानी वाला बात नाइ ह। लेकिन सांड जब चरखारी तहसील परिसर में बनल दू मंजिला सरकारी आवासीय बिल्डिंग के छत पर चढ़ गइल त सुर्खी में आ गइल। सांड छत पर कइसे पहुंचल, लोग ई सोच के हैरान रहल। तीन घंटा के कड़ी मशक्कत के बाद सांड के उतारल गइल।

यूपी के महोबा जिला में सरकारी इमारत पर चढ़ल एगो सांड जम के उत्पात मचवलस। उ पुलिस, नगर पालिका, तहसील अउरी पशु विभाग के कर्मियन के जमकर छकवलें भी. सांड के दूसरका मंजिल से उतरले में कर्मियन के पसीना छूट गइल। तीन घंटा के कड़ा मशक्कत के बाद कर्मी सांड के नीचे उतार पवलें। एकरे बाद सभे चैन के सांस लीहल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]