[the_ad_group id="30365"]

यूपी में बारिश से तबाही: इटावा में तीन जगह गिरल देवाल, हादसा में चार सग्गे भाई-बहन सहित सात लोग के मौत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

उत्तर प्रदेश में बारिश तबाही मचवले बा। इटावा जिला में बुधवार रात से लगातार बारिश हो रहल बा। बारिश के चलते जनपद में तीन जगह दीवाल गिरले से सात लोग के मौत हो गइल बा। हादसा के बाद परिवार वालन में कोहराम मचल बा। बारिश के वजह से भइल हादसा पर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ भी दुख जतवले बानें।

पहिला हादसा सिविल लाइन इलाका के चंद्रपुरा गांव में भइल बा। इहां कच्चा देवाल गिरले से टीनशेड के नीचे दादी के संगे सूतल चार लइकन के मौत हो गइल। ई चारो सगे भाई-बहन सिंकू (10), अभि (8), सोनू (7), आरती (5) हवें।

मृतक चारों लइकन के माता पिता के मौत दू साल पहिले हो गइल रहे। बच्चवे अपने दादी के साथ रहत रहने। दूसरा हादसा थाना इकदिल के कृपालापुर गांव के ह। इहां भी कच्ची दीवाल गिरले से बुजुर्ग दंपती के मौत हो गइल।

महेवा में भी देवाल गिरले से एक आदमी के गइल जान

तीसरा हादसा महेवा ब्लॉक इलाका के ग्राम पंचायत अंदावा के मजरा बंगलन में भइल। इहां कच्चा देवाल गिरले से 50 बरिस के जबर सिंह मौत हो गइल।

दीवार गिरले से भइल मउतन पर सीएम योगी दुख जतवले बानें। ऊ मृतकन के शोक संतप्त परिवार वालन के प्रति संवेदना व्यक्त कइलें। डीएम अउर पुलिस के वरिष्ठ अधिकारियन के मौका पs तत्काल पहुंचे के निर्देश दिहले बानें। मृतक के परिवार वालन के 4-4 लाख रुपया के राहत राशि देहले के भी निर्देश देहलें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]