[the_ad_group id="30365"]

रेलवे आजु निरस्त कइलस 279 ट्रेन, 100 से ज्यादा उड़ानो पs असर, कोहरा में घेराइल उत्तर भारत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

उत्तर भारत के कई राज्यन में कोहरा के चलते रेल अउर हवाई यातायात पर असर पड़ल बा। दृश्यता कमजोर होखले से रेलवे आजु 279 ट्रेन निरस्त कs दिहले बा, जबकि 100 से ज्यादा उड़ान लेट होखले के खबर बा।

दिल्ली एनसीआर, उत्तराखंड, यूपी, बिहार, हरियाणा, पंजाब, राजस्थान में आजु काल्ह शीतलहर चल रहल बा। तापमान तेजी से लुढ़क गइल अउर घना कोहरा पसरल बा। घन कोहरा के चलते मंगर  राजधानी दिल्ली में कई जगह पर दृश्यता 50 मीटर ले रह गइल। एहसे दिल्ली आवे-जाए वाली 15 ट्रेन देर से चली, जबकि दू ट्रैन के टाइम में बदलाव करे के पड़ल।

लेकिन न्यूनतम तापमान में मामूली वृद्धि, हवा के मंद पड़ले अउर चटख धूप के चलते राजधानीवासियन अउर आसपास के इलाका में रहे वालन के भीषण सर्दी से कुछ राहत मिलल बा। न्यूनतम तापमान सामान्य से एक डिग्री कम 5.6 डिग्री सेल्सियस दर्ज कइल गइल, अधिकतम तापमान भी 16 डिग्री सेल्सियस के आसपास बनल रहल। सोमार के न्यूनतम तापमान 5.3 डिग्री सेल्सियस अउर अधिकतम तापमान 15.6 डिग्री सेल्सियस दर्ज कइल गइल। दिल्ली में सोमार के एह सीजन के सबसे ठंडा दिन रहल।

कड़ाका के ठंड व कोहरा के दौर

मौसम विभाग के अनुसार पश्चिमी उत्तर प्रदेश, पंजाब, हरियाणा, उत्तरी राजस्थान अउर दिल्ली में कड़ाका के ठंड जारी रही। एह इलाकन में कहीं घन तो कहीं बहुत घन कोहरा भी छाया रही। उसके बाद शीतलहर से कुछ राहत मिल सकता अउर कोहरा में भी कुछ कमी अइले के उम्मीद बा।

ई ट्रेन भइल रद्द 

ट्रेन नंबर 00109, 01513, 01543, 10544, 01547, 01548, 01549, 01550, 01605, 01606, 01607, 01608, 01609, 01610, 01617, 01618, 01620, 01623 व अन्य
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]