[the_ad_group id="30365"]

शीतलहर अउर घन कोहरा के चपेट में पूरा उत्तर भारत, भीषण सर्दी में होई नयका साल के शुरुआत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पश्चिमी उत्तर प्रदेश, पंजाब, हरियाणा, उत्तरी राजस्थान अउर दिल्ली में अगिले 24 घंटा के दौरान भी कड़ाका के ठंडा पड़ी। भारतीय मौसमविज्ञान विभाग (आईएमडी) मंगर के कहलस कि एह दौरान एह इलाकन में कहीं घन त कहीं बहुत घन कोहरा भी पड़ी। एकरे बाद शीतलहर से कुछ राहत मिल सकsता अउर कोहरा में भी कुछ कमी अइले के उम्मीद बा। दिल्ली के सुबह आजुओ बहुत सर्द बा। राजधानी में भीषण शीत लहर के स्थिति बनल बा अउर न्यूनतम तापमान 7 डिग्री सेल्सियस रहले के अनुमान बा।

राष्ट्रीय राजधानी समेत उत्तर भारत के अधिकांश शहर मंगर के भी पहाड़न से आवे वाली बर्फीला बेयार से कांपत रहल। दिल्ली समेत पंजाब, हरियाणा, उत्तरी राजस्थान अउर पश्चिमी उत्तर प्रदेश अगिले 24 घंटा ले शीतलहर अउर घन कोहरा के चपेट में रहिहें। एकरे बाद एक-दू दिन तनी राहत के उम्मीद बा। हालांकि, नयका साल के शुरुआत भीषण सर्दी से होखले के आसार बा।

मौसम विभाग (आईएमडी) मंगर के कहनें कि अगिले दू दिन उत्तर भारत के अधिकतर इलाकन में शीतलहर के संगे घन कोहरा रही। ओकरे बाद तनी राहत मिल सकsता। एहसे न्यूनतम तापमान में दू से चार डिग्री के बढ़ोतरी के संभावना बा।

हालांकि, पश्चिमी विक्षोभ के चलते 29 दिसंबर के जम्मू-कश्मीर, लेह अउर हिमाचल में बर्फबारी होखले के संभावना बा। उत्तर पंजाब में कुछ जगह पs बूंदाबांदी भी हो सकsता। तापमान में दू से तीन डिग्री तक के गिरावट दर्ज कइल जाई। एकरे चलते लोग के 31 दिसंबर अउर 1 जनवरी के एक बेर फिर भीषण शीतलहर के सामना करे के पड़ी।

भीषण सर्दी में होई नयका साल के शुरुआत

एही बीच, आईएमडी के विज्ञानी आरके जेनामणि कहनें, हरियाणा के दक्षिणी इलाकन अउर पश्चिमी उत्तर प्रदेश के कुछ भाग में कड़ाका के ठंड महसूस कइल गइल। उत्तरी पंजाब, उत्तरी हरियाणा, उत्तरी राजस्थान में दिन के तापमान में कुछ सुधार भइल। पश्चिमी विक्षोभ के चलते 29 दिसंबर के जम्मू-कश्मीर, लेह अउर हिमाचल में ताजा बर्फबारी होखले के संभावना बा। उत्तर पंजाब में कुछ जगह पs बूंदाबांदी भी हो सकsता। एकरे चलते लोग के 31 दिसंबर अउर 1 जनवरी के एक बेर फिर भीषण शीतलहर के सामना करे के पड़ी।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]