[the_ad_group id="30365"]

रेलवे: कोच में आग लगतही बाजे लागी सायरन, 267 कोच में लागी फायर एंड स्मोक डिटेक्शन अउर सप्रेशन सिस्टम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

ट्रेन के कोच में आग लगतही सायरन बाजे लागी। इहे नाइ, स्विच दबावत अग्निशमन यंत्र आग के बुता देई। एकरे खातिर कोच में फायर एंड स्मोक डिटेक्शन अउर सप्रेशन सिस्टम लगावल जाई। गोरखपुर यांत्रिक कारखाना में एकर शुरुआत हो चुकल बा अउर दू कोच में सिस्टम लगावल जा चुकल बा।

फायर एंड स्मोक डिटेक्शन अउर सप्रेशन सिस्टम सिर्फ लिंके हॉफमैन बुश (एलएचबी) कोच, पेंट्रीकार अउर पॉवरकार में लगावल जाई। एह सिस्टम के तहत एस्पीरेशन टाइप फायर एंड स्मोक डिटेक्शन सेंसर्स, सप्रेशन आउटलेट, पीएलसी पैसेंजर अलार्म बजर आदि कोच में लगावल जाला। जौन आग लगले से कुछ समय पहिलही यात्रियन के सतर्क करsला। सथही आग बुतवले के काम भी करsला।

मुख्य जनसंपर्क अधिकारी पंकज कुमार सिंह बतवलें कि 57 पावर कार अउर पेंट्रीकार, 267 कोच में ई सिस्टम लागे के बा। अब ले दू कोच में ई सिस्टम लगावल जा चुकल बा, शेष में लगावल जा रहल बा। एके लगले से सुरक्षा अउर संरक्षा अउर सुदृढ़ हो सकी।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]