Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

रेलवे समाचार : कोलकाता-गोरखपुर एक्सप्रेस समेत आधा दर्जन ट्रेन बदलल रूट पे चली, शेड्यूल देखीं इहाँ

प्री-नॉन इंटरलॉकिंग / नॉन इंटरलॉकिंग काम के चलते गोरखपुर-कोलकाता एक्सप्रेस समेत आधा दर्जन ट्रेन 14 मार्च तक बदलल रूट पे चली। एह ट्रेनन के दक्षिणेश्वर स्टेशन पे अतिरिक्त स्टॉप के व्यवस्था कइल जाई|

239

पूर्वी रेलवे के नैहाती-कल्याणी खंड प ऑटोमैटिक सिग्नलिंग सिस्टम वाला तीसरी लाइन के चालू होखे के देखत प्री-नॉन इंटरलॉकिंग/नॉन इंटरलॉकिंग के काम के चलते गोरखपुर-कोलकाता एक्सप्रेस समेत आधा दर्जन ट्रेन 14 मार्च तक डायवर्ट मार्ग पे चली। एह ट्रेनन के दक्षिणेश्वर स्टेशन पर अतिरिक्त स्टॉप के व्यवस्था कइल जाई|

मार्ग परिवर्तन

 • 10, 11, 12 आ 13 मार्च के बलिया से निकले वाली बलिया-सीलदाह एक्सप्रेस डायवर्ट मार्ग शक्तिगढ़-डानकुनि-दमदम से चली।

• 10, 11, 12, 13 आ 14 मार्च के सियालदह से निकले वाली सियालदह-बलिया एक्सप्रेस के दुमदुम-डंकुनी-शक्तिगढ़ होत चले खातिर डायवर्ट क दिहल जाई|

• 10, 11, 12, 13 आ 14 मार्च के कोलकाता से रवाना होखे वाली कोलकाता-गोरखपुर एक्सप्रेस के दुमदुम-डंकुनी-शक्तिगढ़ होत चले खातिर डायवर्ट क दिहल जाई।

• 10, 11, 12 आ 13 मार्च के गोरखपुर से रवाना होखे वाली गोरखपुर-कोलकाता एक्सप्रेस शक्तिगढ़-डंकुनी-डमदुम डायवर्ट मार्ग से चली।

478580cookie-checkरेलवे समाचार : कोलकाता-गोरखपुर एक्सप्रेस समेत आधा दर्जन ट्रेन बदलल रूट पे चली, शेड्यूल देखीं इहाँ

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.