[the_ad_group id="30365"]

Land for Job Scam: दिल्ली से लेके बिहार तक ED के छापेमारी, लालू यादव के बेटियन के ठिकानन पs तलाशी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

रेलवे में जमीन के बदले नौकरी के ममिला में प्रवर्तन निदेशालय (ईडी) आपन जांच तेज कs देले बा। ईडी बिहार के पूर्व सीएम लालू यादव के कइयन गो ठिकानन पs छापेमारी कइले बा। ईडी अधिकारियन द्वारा बिहार, दिल्ली-एनसीआर, रांची आ मुंबई के ठिकानन पs छापा मारल गइल बा। छापेमारी लालू यादव के अलावा उनका बेटियन के ठिकानन पs भइल बा।

रागिनी, चंदा, हेमा यादव के ठिकानन पs छापा

ईडी लालू यादव के बेटी रागिनी, चंदा आ हेमा यादव के ठिकानन पs छापा मरलले बा। एकरा अलावे पूर्व आरजेडी विधायक अबु दुजाना के घर पs छापेमारी कइल गइल बा। अधिकारी लोग कहल कि पटना, फुलवारीशरीफ, दिल्ली-एनसीआर, रांची आ मुंबई में छापेमारी कइल गइल।

चार्जशीट दायर कs चुकल बिया CBI

बता दीं की सीबीआई द्वारा एह ममिला में लालू यादव, उनकर पत्नी आ बिहार के पूर्व मुख्यमंत्री राबड़ी देवी आ 14 आउर आरोपियन के खिलाफ साजिश आ भ्रष्टाचार निवारण अधिनियम के प्रावधानन के तहत चार्जशीट दायर कइल गइल बा। अधिकारी लोग बतावल की सब आरोपियन के 15 मार्च के तलब कइल गइल बा।

लालू आ राबड़ी से हो चुकल बा पूछताछ 

एकरा पहिले, सीबीआई एही मंगर के लालू यादव आ उनकर बेटी मीसा भारती से पूछताछ कइले रहे। एकरा एक दिन पहिले राबड़ी देवी से पूछताछ भइल रहे। बता दीं कि सिंगापुर में किडनी प्रत्यारोपण के बाद लालू यादव 11 फरवरी के दिल्ली लवटल रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]