राहुल मल्ल के विवेकानंद यूथ अर्वाड से सम्मानित भइला पs भइल सम्मान समारोह के आयोजन

Share

देवरिया (अखिलेश कुमार सिंह) : बरहज क्षेत्र के सतराव में युवा कल्याण आ प्रांतीय रक्षक दल विभाग देवरिया के ओर से युवक मंगल दल पलिया के अध्यक्ष राहुल मल्ल के जनपद स्तर पs विवेकानंद यूथ अवार्ड से सम्मानित कइल गइल रहे। उनका सम्मान में अतवार के सतराव में इस्थित श्री अनंत महाप्रभु शिक्षण संस्थान में समारोह आयोजित भइल। कार्यक्रम के सुरुआत में आयोजक शिवम पांडेय आ विशिष्ठ अतिथि सूर्य प्रकाश मिश्रा के ओर से राहुल मल्ल के अंग वस्त्र से सम्मानित कइल गइल। एह कार्यक्रम के मुख्य अतिथि समाजसेवी अनुपम मिश्रा आ विशिष्ट अतिथि सूर्य प्रकाश मिश्रा रहल लो।

विश्व के सबसे बड़ युवा देस हs भारत

कार्यक्रम के संबोधित करत मुख्य अतिथि अनुपम मिश्रा कहलें कि आज विश्व के सबसे बड़ युवा देस भारत बा, जेमे विद्यार्थियन में सकारात्मक देस भक्ति के बढ़ावा देवे आ राष्ट्र प्रेम के भाव जागृत करे खातिर लगातार प्रयत्नशील रहला के जरूरत बा। नवहन में देस के दशा आ दिशा बदले के क्षमता होला। कवनो देस के भविष्य ओकरा अपना नवहन पs निर्भर होला। जुवा शक्ति राष्ट्र के प्राण तत्व हs। एही क्रम में अनंत विक्रम सिंह, शिवम मिश्रा (सह खंड कार्यवाह), अभिषेक मिश्रा, अंशु सिंह, सोनू पाल, शिवानी सिंह, देवव्रत पांडे कार्यक्रम के संबोधित करत कहल लो कि नवहन से तय होला आ देस के दशा आ दिशा संगही राहुल मल्ल के उपलब्धि पs उनका के बधाई देलें।

एह कार्यक्रम के संचालन राज्यपाल पुरस्कार विजेता अमित मिश्रा पहाड़ी कइलें। कार्यक्रम के आयोजन खातिर राहुल मल्ल आयोजक शिवम पांडेय सहित उपस्थित सब लोगन के आभार व्यक्त कइलें। एह दौरान सोनू पाल, शुभम, भोलू विश्वकर्मा, शिवानी सिंह, चांदनी, पायल, संध्या, राजन, इजहारुल, ऋतिक गोंड, संजना, उत्कर्ष कुशवाहा, पियूष, शिवांगी, महिमा विश्वकर्मा, काजल यादव आदि लोग उपस्थित रहल।

Read Also: ITBP जवानन के कैंप के लगे भइल भीषण हिमस्खलन, 200 मीटर पहिले आके रुकल

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-