[the_ad_group id="30365"]

ITBP जवानन के कैंप के लगे भइल भीषण हिमस्खलन, 200 मीटर पहिले आके रुकल

ITBP जवानन के कैंप के लगे भइल भीषण हिमस्खलन
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

हिमाचल प्रदेश के लाहौल स्पीति में एगो भयावह वीडियो सामने आइल बा. इहाँ शनिचर के दिने लाहौल स्पीति जिला के स्पीति घाटी में एगो बड़हन हिमखंड गिरल जवन भारत-तिब्बती सीमा पुलिस (आईटीबीपी) शिविर के ठीक सामने गिरल. एह घटना के एगो वीडियो भी सामने आइल बा, जवना में पहाड़ के चोटी से हिमस्खलन देखल जा सकेला। 

आईटीबीपी कैंप के लगे हिमस्खलन भईल

असल में पूरा घटना स्पीति घाटी के ग्यु गांव में भईल। इहाँ भारत-तिब्बती सीमा पुलिस (आईटीबीपी) के स्थायी शिविर बा। इहाँ अचानक पहाड़ के चोटी से हिमस्खलन शुरू हो गईल। बर्फीला चट्टान गिरत देख के लोग डेरा गईले अवुरी मजबूरी में एने-ओने भागे लगले। हालांकि इs राहत के बात रहे कि आईटीबीपी कैंप से महज 200 मीटर पहिले हिमखंड रुक गईल। बता दीं कि ग्यू में स्थित आईटीबीपी कैंप में सड़क से बर्फ हटावे के काम करत रहले सैनिक। एही बीच पहाड़ से बर्फ गिरे लागल। हिमस्खलन के गति बहुत जादा रहे, जवना के चलते पूरा इलाका में धुंध पसर गईल। 

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ भक्तन के कुल कष्ट दूर करेली गोरखपुर के ‘मां करवल देवी’

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]