कुमार विश्वास के बेटी अग्रता कइली एs बिजनेसमैन के साथे बियाह

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 3, 2025

देश के मशहूर कवि डॉ. कुमार विश्वास के बड़की बेटी अग्रता शर्मा के बियाह हो गइल बा. उs व्यापारी पवित्रा खंडेलवाल से डेट कईले।  बियाह के रस्म उदयपुर के मशहूर पिछोला झील के किनारे स्थित

Share

कुमार विश्वास के बेटी अग्रता कइली बिआह

देश के मशहूर कवि डॉ. कुमार विश्वास के बड़की बेटी अग्रता शर्मा के बियाह हो गइल बा. उs व्यापारी पवित्रा खंडेलवाल से डेट कईले।  बियाह के रस्म उदयपुर के मशहूर पिछोला झील के किनारे स्थित फाइव-स्टार होटल लीला पैलेस में भईल, जवना में देश के बहुत हस्ती भाग लेले।  बॉलीवुड के गायक गीत गा के एह शादी समारोह के यादगार बना दिहले.  एह आयोजन में सोनू निगम आ कैलाश खेर आपन प्रस्तुति दिहले.

बियाह में शामिल भइले 200 से जादा मेहमान, कुमार कइले डांस
मिलल जानकारी के मुताबिक एs भव्य बियाह समारोह में 200 से जादे मेहमान शामिल भईले।  कुमार विश्वास पत्नी मंजू शर्मा के संगे भी नाचले। 

कुमार विश्वास के बेटी का करेली?

अग्रता शर्मा कुमार विश्वास के बड़की बेटी हई।  गाजियाबाद के डीपीएस से पढ़ाई कइले बानी.  एकरा बाद ब्रिटेन के बिजनेस स्कूल से मैनेजमेंट के डिग्री आ नॉटिंघम ट्रेंट यूनिवर्सिटी से फैशन मार्केटिंग में मास्टर डिग्री लिहली। डिजिटल खिड़की नाम के कंपनी के निदेशक बाड़ी।  आईं बता दी कि कवि कुमार विश्वास के 2 गो बेटी बाड़ी।  बड़की बेटी के नाम अग्रता हs, जेकर बियाह हो गईल बा।  छोटकी बेटी के नाम कुहू हs।  कुहू लंदन के प्रतिष्ठित किंग्स कॉलेज से मनोविज्ञान में बी.एससी भी कइले बाड़ी।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: हाई ब्लड प्रेशर में कारगर होला, इs तीन गो योगासन

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.