महाकुंभ में बनल कईयो गिनीज बुक ऑफ वर्ल्ड रिकॉर्ड, आज सौंपल गइल सर्टिफिकेट

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 27, 2025

प्रयागराज में 45 दिन ले आयोजित विश्व के सबसे बड़ धार्मिक आ आध्यात्मिक सभा – महाकुंभ महाशिवरात्रि के अवसर पर समाप्त हो गइल। 45 दिन के एह अभूतपूर्व घटना के चर्चा पूरा दुनिया में हो

Share

महाकुंभ

प्रयागराज में 45 दिन ले आयोजित विश्व के सबसे बड़ धार्मिक आ आध्यात्मिक सभा – महाकुंभ महाशिवरात्रि के अवसर पर समाप्त हो गइल। 45 दिन के एह अभूतपूर्व घटना के चर्चा पूरा दुनिया में हो रहल बा। अभूतपूर्व काहे कि दुनिया भर के लोग से अइसन आस्था के सागर केहू ना देखले रहे। 45 दिन में 66 करोड़ तीस लाख से अधिका भक्त संगम में डुबकी लगा लिहले. हर दिन 1.25 करोड़ से अधिका भक्त महाकुंभ पहुंचे। 50 लाख से अधिक विदेशी भक्त आए। 70 से अधिक देशों के लोग प्रयागराज पहुंचे। पूरा दुनिया ई देख के हैरान हो गइल बा कि अमेरिका के दुगुना आबादी आ दुनिया भर के सौ से अधिका देशन के कुल आबादी से अधिका प्रयागराज चहुँप गइल रहे.

70 हजार से अधिका सुरक्षाकर्मी के तैनाती कइल गइल

बड़ बात ई बा कि ई कवनो सरकारी आयोजन ना रहे, सनातन परम्परा आ भारत के सांस्कृतिक शक्ति के मेला रहे। महाकुंभ में 37 हजार से अधिक पुलिसकर्मी तैनात रहे, 14 हजार से अधिक होमगार्ड रहे। सीआरपीएफ के जवान भी तैनात रहे। कुल 70 हजार से अधिका सुरक्षाकर्मी तैनात भईले अवुरी बड़ बात इ बा कि महाकुंभ के समापन के मौका पs भक्त सुरक्षा खातीर तैनात पुलिसकर्मी के तारीफ कईले।

रिकॉर्ड वाला महाकुंभ


*66.30 करोड़ से अधिक श्रद्धालु अईले
*लोग अमेरिका के आबादी से दुगुना ले पहुंच गईल
*193 देश के आबादी से अधिका महाकुंभ में आइल रहे
*अकेले भारत आ चीन के आबादी महाकुंभ में आइल भक्तन के संख्या से अधिका बा.
*120 करोड़ हिन्दू में से 66 करोड़ से अधिक के डुबकी
*मेला क्षेत्र दुनिया के सबसे बड़ स्टेडियम से 166 गुना बड़
*4 हजार हेक्टेयर में महाकुंभ मेला जोन की संरचना
*चार लाख से अधिक टेंट, डेढ़ लाख शौचालय निर्माण.

अतवारी छौंक: ‘बात कुछ पुरनका दौर के’ बेहद खूबसूरत आ शालीन एक्ट्रेस ‘वहीदा रहमान’ के Lucky charms रहले ‘गुरु दत्त’

साथही बता दीं कि अबकी बेर महाकुंभ में भक्तन के संख्या में ना खाली रिकार्ड बनल बा, साफ-सफाई के भी विश्व रिकार्ड बन गइल बा। महा कुंभ मेला क्षेत्र के 4 जोन में एक साथ सफाई आ झाड़ू लगा के 19 हजार स्वीपर एगो नया मिसाल कायम कइले बाड़े। स्वच्छता कार्यकर्ता के एह पहल के विश्व रिकार्ड में दर्ज करावे खातिर गिनीज बुक टीम भी मौजूद रहे। 2019 के कुंभ में जहां 10 हजार स्वीपर एगो संगे झाड़ू लगा के इs रिकॉर्ड बनवले रहले, बाकिर अबकी बेर संख्या 19 हजार हो गईल।

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ भक्तन के कुल कष्ट दूर करेली गोरखपुर के ‘मां करवल देवी’

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.