[the_ad_group id="30365"]

रघुनाथपुर बाजार में मुख्य सड़क पs नाला के बदबूदार पानी गिरला से लोगन के जिनगी बनल नरक के समान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

रघुनाथपुर:  प्रखंड मुख्यालय के बाजार में गुठनी मांझी मुख्य सड़क पs रघुनाथपुर बाजार में सड़क के उत्तर साइड में तत्कालीन विधायक विक्रम कुंवर के मद से बनावल गइल नाला जाम हो गइलाा से पानी मुख्य सड़क पs गिरला से आसपास केे लोग के साथे-साथे आवे जाये आला राहगीरन के जिनगीबद से बदतर हो गइल बा। साथ में लोगन के जिनगी नरक में तब्दील हो चुकल बा।

एह नाला के पानी से एतना बदबूदार गंध निकल रहल बा कि आवे जाये आला लोगन के नाक देहल मुश्किल हो गइल बा। एह मुख्यालय के रघुनाथपुर बाजार के थाना परिसर से महज 10 डेग के दूरी पs चौक के लगे जर्जर नाला से बदबूदार पानी सड़क पs गिरला से आस पास के लोगन के साथे-साथे राहगिरन से नाक नइखे दिहल जा रहल बा।

ई नाला जब से बनल बा तब से आज ले एकर सफाई ना होखला से पूरा तरे कचड़ा से भर चुकल बा। जवना कारण ई नाला बेर बेर कहीं न कहीं रिसाव कs के पानी सड़क पs गिर रहल बा।

ओहिजा एह नाला के आस पास के दुकानदारन के जियल दुस्वार हो चुकल बा। इहे ना नाला के पानी के कारण मुख्य सड़क पs मोटरसाइकिल चालकन के आए दिन गिरला से दुर्घटना होत रहत बा। जवन जानलेवा साबित हो रहल बा।

अभी तs बरसात के मॉनसून में विलंब होखला के बादो ई नाला लोगन के जियल दुस्वार कs देले बा। जब तेज धूप निकलेला तs ओकर गंध से लोगन के दु मिनट ले अपना लगे से गुजररे नइखे देत। ओहिजा एह नाला के कइयन गो जगहन पs अवरुद्ध कइल जा चुकल बा। जवना कारण जाम के समस्या बनल रहत बा।

का कहत बाड़े अधिकारी

बीडीओ अशोक कुमार एह संबधं में बतवले कि एह नाला के सफाई मनरेगा से करावल जाई। जांच करे के आदेश पीओ के दिहल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]