बुध के रघुनाथपुर के शहरी फीडर में 2 बजे दिन ले करीब 8 घण्टा बिजली रही बाधित

Anurag Ranjan

जिले के रघुनाथपुर सब स्टेशन क्षेत्र के शहरी फीडर के पैनल ब्रेकर में खराबी आ जइला के वजे से बुध के भोर के 7 बजे से दिन के 2 बजे ले बिजली बाधित रहल के जानकारी कनीय अभियंता दर्शन कुमार देले। श्री कुमार बतवनी कि पैनल ब्रेकर में खराबी आ गइल बा जवना के बदलल जा रहल बा। दिन के 2 बजे ले बिजली के आपूर्ति बहाल कइल जाई। बतावत चली कि एह भीषण गर्मी में बिजली गुल होखला से आमजन बहुते परेसान बा।

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।