[the_ad_group id="30365"]

विकास दुबे आ ओकर रिश्तेदारन के संपति सील होई

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बहुचर्चित बिकरू कांड के बाद मारल गइल हिस्ट्रीशीटर विकास दुबे, ओकर मेहरारू ऋचा, बेटन आ रिश्तेदारन के संपतियन के जब्त करे कइला के बाद सील करे के नोटिस डीएम कोर्ट जारी कs देले बा।

67 करोड़ के संपति के जब्तीकरण के जानकारी संगे कुर्कियो के आदेस भेजल गइल बा। फाइल गंगेस्टर कोर्ट के भेज दिहल गइल बा। विकास, ओकर रिश्तेदार आ करीबी अवैध तरीका से करोड़न के संपति अर्जित कइले रहे लो। पुलिस सर्वे कs के चिन्ह के जब्त करे के रिपोर्ट डीएम के भेजले रहे।

अब कोर्ट ऋचा दुबे, बेटा आकाश, शांतनु दुबे के अलावे दिनेश तिवारी, रेखा देवी, कुलदीप कुमार, पवन कुमार, गगन आ अमन के नोटिस भेजले बा। डीएम नेहा शर्मा बतवली कि लखनऊ आ कानपुर देहात के डीएम के कारवाई के पत्र भेज दिहल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]