रघुनाथपुर प्रखंड के दू गो पंचायत में जिलाधिकारी के निर्देश पs भइल जांच

By Anurag Ranjan

Published on: May 11, 2022

रघुनाथपुर प्रखंड के दू गो पंचायत में जिलाधिकारी के निर्देश पs भइल जांच राजपुर आ करसर पंचायत बा शामिल रघुनाथपुर: प्रखंड के राजपुर आ करसर पंचायत में बुध के जिलाधिकारी के निर्देश पs क्रियान्वित योजनन

Share

रघुनाथपुर प्रखंड के दू गो पंचायत में जिलाधिकारी के निर्देश पs भइल जांच
राजपुर आ करसर पंचायत बा शामिल

रघुनाथपुर: प्रखंड के राजपुर आ करसर पंचायत में बुध के जिलाधिकारी के निर्देश पs क्रियान्वित योजनन के जांच कइल गइल। जेमे राजपुर पंचायत में जिला अनुमंडली लोक शिकायत निवारण पदाधिकारी अभिषेक कुमार चंदन आ करसर पंचायत में एस एफ सी के जिला मनेजर अमरेंद्र कुमार सिन्हा द्वारा जाँच कइल गइल। जांच में 15 बिंदु शामिल रहे। एह दौरान जलनल, नली गली, आवास, पेंशन, मनरेगा, स्कूल, अंगबाड़ी,अम्बेडकर छात्रवास, कस्तूरबा गांधी बालिका स्कूल आदि के जांच भइल।

 

एह प्रकार के जांच से पंचायत में हड़कम्प मचल बा। ओहिजा जिला अनुमंडलीय लोक शिकायत निवारण पदाधिकारी के राजपुर मोड़ इस्थित अम्बेडकर छात्रावास में जांच के क्रम में वार्डन गायब मिलले जिनका पs करवाई करे ला नाम दर्ज कइल गइल।

राजपुर हाई स्कूल में घण्टन ले जांच चलल। एह मवका पs रघुनाथपुर अंचलाधिकारी अशोक कुमार सहित सरकारी कर्मी मवजूद रहे लो।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.