[the_ad_group id="30365"]

ENG vs IND: कोरोना के चपेट में अइले रविचंद्रन अश्विन, टीम के साथे ना भर सकले इंग्लैंड दौरा खातिर उड़ान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

R Ashwin Covid-19 Positive: इंग्लैंड के खिलाफ एकमात्र टेस्ट खातिर अधिकतर खिलाड़ी यूके पहुंच चुकल बा लो, बाकिर अनुभवी स्पिनर आर अश्विन कोविड-19 के चपेट में अइला के वजह से अभी तक भारते में बाड़े। बीसीसीआई के एगो सूत्र पीटीआई के एकर जानकारी देले दाए हाथ के ई ऑफ स्पिनर अभी क्वारंटीन में बाड़े आ रिपोर्ट के नेगेटिव अइला के बादे इंग्लैंड खातिर उड़ान भर सकी।

बीसीसीआई के एगो सूत्र नाम ना छापे के शर्त पs पीटीआई के बतवले “अश्विन भारतीय टीम के साथे यूके खातिर रवाना ना भइले काहेकि ऊ कोविड-19 टेस्ट में पॉजिटिव पावल गइल रहस। बाकिर उमेद बा कि इंग्लैंड के खिलाफ 1 जुलाई से होखे वाला टेस्ट मैच के पहिले ऊ ठीक हो जइहे।”

सूत्र इहो कहले कि एह महामारी के चपेट में अइला के वजे से अश्विन लीसेस्टरशायर के खिलाफ अभ्यास मैच मिस कs सकत बाड़े। बता दीं, भारत के रिशेड्यूल भइल टेस्ट मैच से पहिले 24 जून से एह टीम के खिलाफ एगो 4 दिवसीय अभ्यास मैच खेले के बा।

अश्विन के अलावे टीम के बाकी खिलाड़ी यूके पहुंच चुकल बा लो आ एकमात्र टेस्ट मैच खातिर जमके पसीना बहा रहल बा लो। बीसीसीआई हाले में अपना सोशल मीडिया अकाउंट पs टीम इंडिया के नेट सेशन के वीडियो पोस्ट कइले रहे जेमे कप्तान रोहित शर्मा आ शुभमन गिल बल्लेबाजी करत लउकत रहे लो। उमेद जतावल जा रहल बा कि केएल राहुल के सीरीज से बाहर होखला के बाद इहे दुनों बल्लेबाज इंग्लैंड के खिलाफ ओपनिंग करत दिखाई दी लो।

पहिला बेर विदेशी सरजमीं पs कप्तानी कs रहल रोहित शर्मा के जरूर केएल राहुल के कमी महसूस होई। भारत के एह सीरीज में 2-1 से लीड दियावे में एह जोड़ी के अहम रोल रहल रहे। रोहित 4 टेस्ट में 368 रन बनवले रहस, जेमे एगो शतक आ दु गो अर्धशतक शामिल रहे, जबकि राहुल 315 रन बनवले रहस, जेमे एगो शतक आ एगो अर्धशतक शामिल रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]