Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

On This Day: आजे के दिन टीम इंडिया के मिलल रहे 3 ‘कोहिनूर’, जब गांगुली, द्रविड़ आ कोहली के पड़ल रहे टेस्ट क्रिकेट में डेग

भारतीय क्रिकेट खातिर खास दिनन के सूची में 20 जून के स्थान बहुते अहम बा। आजे के दिने टीम इंडिया के एगो-दुगो ना बलुक तीन गो अइसन कोहिनूर के हीरा मिलल जे भारतीय क्रिकेट के ऊंचाइयन तक पहुंचावे में मदद कइल।

2,322

भारतीय क्रिकेट खातिर खास दिनन के सूची में 20 जून के स्थान बहुते अहम बा। आजे के दिने टीम इंडिया के एगो-दुगो ना बलुक तीन गो अइसन कोहिनूर के हीरा मिलल जे भारतीय क्रिकेट के ऊंचाइयन तक पहुंचावे में मदद कइल। इहां हम बात ‘ऑफ साइड के किंग’ सौरव गांगुली, ‘द वॉल’ राहुल द्रविड़ आ ‘रन मशीन’ विराट कोहली के कर रहल बानी। गांगुली आ द्रविड़ तs 1996 में इंग्लैंड के खिलाफ टेस्ट डेब्यू कs के आपन काबिलियत दुनिया से रू-ब-रू करवले रहे लो। ओहिजा, ठीक 15 साल बाद कोहली के 2011 में  सफेद जर्सी में खेले के मवका मिलल, हालांकि किंग कोहली अपना पहिला टेस्ट में फेल भइल रहस। गांगुली आ द्रविड़ क्रिकेट के मैदान छोड़ला के बाद अभियो भारतीय क्रिकेट के आपन सेवा दे रहल बा लो। गांगुली बीसीसीआई अध्यक्ष के रूप में कार्यभार संभाल रहल बाड़े, ओहिजा राहुल द्रविड़ टीम इंडिया के कोच बाड़े।

गांगुली-द्रविड़ लॉर्ड्स में बिखेरले रहे लो जलवा

मोहम्मद अजहरूद्दीन के कप्तानी में सौरव गांगुली आ राहुल द्रविड़ के एक साथे भारतीय टेस्ट टीम में डेब्यू करे के मवका मिलल रहे। इंग्लैंड दौरा पs पहिला टेस्ट हारला के बाद कप्तान एह दुनों नवहन पs भरोसा जतावत दूसरा टेस्ट में मवका देले रहस। गांगुली आ द्रविड़ दुनों खेलाड़ी कप्तान के निराश ना करत शानदार पारी खेलले रहे लो। गांगुली जहां शतक लगावे में कामयाब रहल रहले, ओहिजा द्रविड़ 95 रन बनवले रहस। एह दुनों खिलाड़ियन के दम पs भारत नॉर्टिंघम टेस्ट ड्रॉ करावे में कामयाब रहल रहे।

कोहली पहिला टेस्ट में भइल रहले फेल

20 जून 2011 के विराट कोहली के वेस्टइंडीज के खिलाफ टेस्ट डेब्यू के मवका मिलल। पहिला पारी में कोहली 4 तs दूसरा पारी में 15 रन बनावे में कामयाब रहल रहले। ओइसे दूसरका पारी में कोहली क्रीज पs काफी समे बितवले आ 54 गेना के सामना कइले रहस। दुनों पारियन में उनका के फिदेल एडवर्ड्स पवेलियन के रास्ता दिखवले।

गांगुली-द्रविड़ ठोकले 20 हजार से जादे रन

गांगुली आ द्रविड़ अपना करियर के शुरुआत तs एक साथे कइल लो बाकिर दुनों खेलाड़ियन के रिटायरमेंट में काफी अंतर रहल। गांगुली आपन आखिरी टेस्ट 2008 में तs द्रविड़ 2012 में खेलले। दुनों खेलाड़ी टेस्ट क्रिकेट में मिलके 20 हजार से जादे रन बनावल लो। गांगुली के नावे 113 मुकाबलन में 16 शतकन के साथे 7212 रन दर्ज बा। गांगुली के क्रिकेट करियर भारत के सुनहरा इतिहास के एगो बानगी हs, गांगुली के भारतीय क्रिकेट टीम के जीत के मंतर सिखावे खातिर जानल जाला। उनकर महानतम कप्तान के रूप में गिनती होला। वर्तमान में बीसीसीआई अध्यक्ष रूप में सौरभ गांगुली भारतीय क्रिकेट के सबसे अहम चेहरन में से एगो बाड़े।

ओहिजा द्रविड़ दस हजारी बने में कामयाब रहल रहस। द वॉल अपना टेस्ट करियर के दौरान खेलल 163 मुकाबलन में 36 शतकन के साथे 13265 रन बनवले। एह दौरान उनकर औसत 52.63 के रहल। द्रविड़ के क्रिकेट करियर सौम्यता, धैर्य आ हिम्मत के एगो जियत-जागत बानगी हs। आपन शालीनता आ विवादन से दूर रहे के छवि खातिर द्रविड़ के आदर विरोधी खेलाड़ी तक करेला लो। वर्तमान में राहुल द्रविड़ भारतीय टीम के मुख्य कोच के रूप में भारतीय क्रिकेट के विश्व विजेता बनावे के अहम योजना के सबसे बड़ धुरी बाड़े।

10 हजारी बने के करीब कोहली

विराट कोहली अभी तक खेलल 101 मुकाबलन में 49.95 के औसत से 8043 रन बनवले बाड़े। एह दौरान कोहली के बल्ला से 27 शतक आ 28 अर्धशतक निकलल बा।  33 साल के किंग कोहली के भीतरी अभी काफी क्रिकेट बाकी बा अइसन में ऊ क्रिकेट के सबसे लमहर फॉर्मेट में 10 हजारी जरूर बने के चहिहें। भारत के वर्तमान पीढ़ी क्व सबसे सफल टेस्ट क्रिकेटर विराट कोहली के दर्शक बहुत पसन करेले आ ऊ आपन आक्रमकता खातिर जानल जाले। ऊ भारत के सबसे सफल कप्तानन में से एगो बाड़े। भारत के आवे आला टी-20 आ वनडे वर्ल्ड कप  में विजेता बने खातिर कोहली के बेहतरीन फॉर्म आ योगदान के जरूरत बा।

एह तिकड़ी के रहते भारत बन सकेला विश्व विजेता

बतौर खेलाड़ी विराट कोहली, बतौर कोच राहुल द्रविड़ आ बतौर बीसीसीआई अध्यक्ष सौरव गांगुली के रहते भारत के लगे टी-20 विश्व कप जीते के बेहतरीन मवका बा। रोहित शर्मा के कप्तानी में भारत ऑस्ट्रेलिया में होखे आला विश्व कप जदि जीतत बा, तs 20 जून के टेस्ट डेब्यू करे वाला एह पूर्व आ वर्तमान खेलाड़ियन के तिकड़ी के ई सबसे यादगार लम्हा होई। जब सभे अपना-अपना पद आ खेलाड़ी के रूप में भारतीय क्रिकेट के अहम चेहरा रही आ भारत विश्व विजेता रही।

277490cookie-checkOn This Day: आजे के दिन टीम इंडिया के मिलल रहे 3 ‘कोहिनूर’, जब गांगुली, द्रविड़ आ कोहली के पड़ल रहे टेस्ट क्रिकेट में डेग

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.