[the_ad_group id="30365"]

केंद्रीय विद्यालयन में सांसद-शिक्षा मंत्री आ जिला कलेक्टर के कोटा समाप्त, कोरोना में अनाथ होखे आलन के सीट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

केंद्रीय विद्यालय संगठन (केवी)  के स्कूलन में अब सांसद, शिक्षा मंत्री, जिला कलेक्टर सहित आउर दोसर  कोटा से दाखिला ना मिली। केवी में अब खाली केंद्र सरकार के एससी, एसटी, ओबीसी, ईडब्ल्यूएस, दिव्यांग, सामान्य वर्ग के आरक्षण नियमन के तहत सीट मिली। सरकार के वरिष्ठ अधिकारी के मुताबिक, शैक्षणिक सत्र 2022-23 से सांसद, शिक्षा मंत्री, शिक्षा मंत्रालय, प्रायोजक एंजेंसियन, अध्यक्ष, विद्यालय प्रबंधन समिति आ जिला कलेक्टरन के कोटा समाप्त कs दिहल गइल बा।

अब एकरा में से कवनो कोटा के तहत दाखिला ना मिली। पिछिला दिनन में केंद्रीय शिक्षा मंत्री धर्मेंद्र प्रधान केवी स्कूलन के कामकाज के समीक्षा में पवले कि अइसन कोटा से दाखिला के कारण छात्र-शिक्षक अनुपात आ शिक्षण-अधिगम के गुणवत्ता पs प्रतिकूल प्रभाव पड़ेला। एकरा अलावा केंद्र सरकार के स्थानांतरित होखे आला कर्मियन के लईकनो के सीट ना मिल पावेला। शिक्षा मंत्री सबसे पहिले आपन कोटा समाप्त करे के घोषणा कइले। ओकरा बाद संसद में एह कोटा क समाप्त करे के बात की बात रखले। सब  दलन से विचार-विमर्श का बाद उक्त कोटा के समाप्त करे के फसीला लिहल गइल बा।

कोरोना में अनाथ होने वालों को सीट

वैश्विक महामारी कोरोना के चलते अपना माई-बाबूजी के खोये आला लईकन के पीएम केयर चिल्ड्रन योजना के तहत प्रवेश के प्रावधान जारी रही। एकरा अलावे कश्मीरी विस्थापित, सैनिक, अर्धसैनिक बलन, खुफिया एजेंसियन, केवी में सेवारत कर्मियन के लईकन, ललित कला आ खेल के क्षेत्र में मेधावी आ वीरता पुरस्कार प्राप्त करे आलन लईकन आदि के विशिष्ट प्रावधान के तहत प्रवेश मिली। इहो दाखिला चयन प्रक्रिया के तहत होई।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]