बलिया पेपर लीक के मास्टर माइंड समेत तीन पs लागल रासुका, आरोपी DIOS के मिलल जमानत

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 28, 2022

UP बोर्ड परीक्षा में अंग्रेजी के पर्चा लीक ममिला में जेल में बंद मास्टर माइंड समेत तीन लोग पs NSA के कार्रवाई कइल गइल बा। ओहिजा, अदालत पूर्व DIOS बृजेश कुमार मिश्रा के जमानत दे

Share

UP बोर्ड परीक्षा में अंग्रेजी के पर्चा लीक ममिला में जेल में बंद मास्टर माइंड समेत तीन लोग पs NSA के कार्रवाई कइल गइल बा। ओहिजा, अदालत पूर्व DIOS बृजेश कुमार मिश्रा के जमानत दे देले बा।

पेपर लीक ममिला के विवेचक रसड़ा कोतवाली प्रभारी निरीक्षक राजीव कुमार सिंह महराजी देवी स्मारक इंटर कालेज भीमपुरा के प्रबंधक निर्भय नारायण सिंह आ नकल माफिया राजू प्रजापति निवासी मऊ आ रविंद्र नाथ सिंह निवासी अवराई खुर्द पs NSA के तहत कार्रवाई कइले बाड़े।

DIOS समेत 47 लोगन के गिरफ्तारी भइल रहे 

एह ममिला में DIOS समेत 47 लोगन के गिरफ्तारी भइल रहे। जवना में से तीन पत्रकारन के कोर्ट जमानत दे देले बा। ओहिजा पुलिस तीनों लोग पs से गंभीर धरा हटा लेले बिया। बुध के जिला प्रभारी जज/ एडीजे- द्वितीय के अदालत जेल में बंद निलंबित DIOS बृजेश कुमार मिश्रा के जमानत के स्वीकार कs लेलस।

पुलिस के अनुसार 30 मार्च के भीमपुरा थाना के किड़िहरापुर इस्थित परीक्षा केंद्र महराजी देवी स्मारक इंटर कालेज के प्रबंधक प्रश्नपत्र के समे से पहिलही निकाल लेले।

कंप्यूटर के काम करे आला राजू प्रजापति फोटोकॉपी कs के अंग्रेजी शिक्षक अविनाश गौतम तक पहुंचवलस। इहां से कुछे मिनट में एकर हल कइल प्रश्नपत्र निर्भय नारायण के उपलब्ध करावल गइल। जवना के 25 से 30 हजार रुपये प्रति छात्र के रेट में बेचल गइल रहे।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.