[the_ad_group id="30365"]

अंग्रेजी में आइल प्रश्नपत्र, बीएड के परीक्षा भइल रद्द

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

आगरा के डॉक्टर भीमराव आंबेडकर विश्वविद्यालय में एक बेर फिर लापरवाही के मामला सोझे आइल बा। एह बेर बीएड के परीक्षा के प्रश्नपत्र अंग्रेजी में छाप दिहलस। एकरे कारण बुध सुबह के पहिला पाली में बीएड द्वितीय वर्ष के प्रश्न पत्र के निरस्त कs दिहल गइल बा। केंद्रों पर बिहाने जब छात्र परीक्षा देवे पहुंचलें त इहां प्रश्नपत्र अंग्रेजी विषय में लिखल रहे, जबकि अंग्रेजी अउर हिंदी दूनों में प्रश्न पत्र अंकित होला।

एकर शिकायत छात्र लोग के सेंटर प्रभारी से करत परीक्षा देहले में असमर्थता जतवलें। एह पर नोडल प्रभारी विश्वविद्यालय प्रशासन के एकरे बारे में जानकारी दीहलें। एकरे चलते आगरा अउरी अलीगढ़ मंडल के कॉलेजों के परीक्षा निरस्त कs दिहलें। परीक्षा नियंत्रक डॉ ओम प्रकाश बतवलें कि अंग्रेजी में प्रिंट होखले के कारण प्रश्नपत्र निरस्त कs दिहल गइल बा। एह परीक्षा के अगली तिथि जल्द जारी कइल जाई।

30 सितंबर के परीक्षा तीन अक्तूबर के होई

डॉ. भीमराव आंबेडकर विश्वविद्यालय प्रशासन के ओर से मंगलवार के बीएड के परीक्षा के कार्यक्रम में संशोधन कइल गइल बा। 30 सितंबर के दूसरका पाली में प्रस्तावित परीक्षा टाल दीहल गइल बा। अब ले 3 अक्तूबर के दूसरी पाली में संबंधित परीक्षा केंद्र पर ही करावल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]