सारन जिलाधिकारी आ पुलिस अधीक्षक केंद्राधीक्षकन के संगे कइलस लो ब्रीफिंग बैठक

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 27, 2022

जिलाधिकारी सारण श्री राजेश मीणा आ पुलिस अधीक्षक सारण श्री संतोष कुमार द्वारा संयुक्त रूप से आज दिनांक 27.09.2022 के समाहरणालय सभागार में आगामी 67वीं संयुक्त (प्रारंभिक) प्रतियोगिता पुनर्परीक्षा के अवसर पs प्रतिनियुक्त सबे दंडाधिकारियन

Share

जिलाधिकारी सारण श्री राजेश मीणा आ पुलिस अधीक्षक सारण श्री संतोष कुमार द्वारा संयुक्त रूप से आज दिनांक 27.09.2022 के समाहरणालय सभागार में आगामी 67वीं संयुक्त (प्रारंभिक) प्रतियोगिता पुनर्परीक्षा के अवसर पs प्रतिनियुक्त सबे दंडाधिकारियन /पुलिस पदाधिकारियन आ केंद्राधीक्षकन के संगे ब्रीफिंग कइल गइल। उक्त परीक्षा के सफलतापूर्वक संचालन खातिर संबंधित पदाधिकारियन के महत्वपूर्ण निरदेस दिहल गइल।

बता दीं कि BPSC PT REEXAM बिहार के हर जिलन में 30 सितंबर के होखे जा रहल बा आ प्रशासन के ओर से पुख्ता इंतेजाम कइल जा रहल बा, गौर करे आला कि पहिला बेर भइल परीक्षा पेपर लीक के देखत रद्द कs दिहल गइल रहे।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.