Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

पुष्प कमल दहल ‘प्रचंड’ तीसरका बेर बनलें नेपाल के प्रधानमंत्री, ओली के नेतृत्व वाला CPN-UML देलस समर्थन

पुष्प कमल दहल प्रचंड तीसरका बेर नेपाल के प्रधानमंत्री नियुक्त कइल गइल बाड़ें। पूर्व प्रधानमंत्री के पी शर्मा ओली के नेतृत्व वाला विपक्षी सीपीएन-यूएमएल सीपीएन-माओवादी सेंटर राष्ट्रीय स्वतंत्र पार्टी (आरएसपी) आ आउर छोट दलन के एगो महत्वपूर्ण बैठक में प्रचंड के नेतृत्व में सरकार बनावे पs सहमति बनल।

458
Google Ads 300*250 for posts

नेपाल में अतवार के एगो नाटकीय मोड़ में विपक्षी सीपीएन-यूएमएल आ आउर छोट दल सीपीएन-माओवादी सेंटर के अध्यक्ष पुष्प कमल दहल ‘प्रचंड’ (Pushpa Kamal Dahal Prachanda) के आपन समर्थन देलस, जे तीसरका बेर नेपाल के प्रधानमंत्री बनल बाड़ें। पूर्व प्रधानमंत्री के पी शर्मा ओली के नेतृत्व वाला विपक्षी सीपीएन-यूएमएल, सीपीएन-माओवादी सेंटर, राष्ट्रीय स्वतंत्र पार्टी (आरएसपी) आ आउर छोट दलन के एगो महत्वपूर्ण बैठक में ‘प्रचंड’ के नेतृत्व में सरकार बनावे पs सहमति बनल।

165 सांसद दिहल लोग प्रचंड के समर्थन

सीपीएन-एमसी देब के महासचिव गुरुंग कहलें कि सीपीएन-यूएमएल, सीपीएन-एमसी आ आउर पार्टी संविधान के अनुच्छेद 76 (2) के तहत 165 सांसदन के हस्ताक्षर के संगे राष्ट्रपति कार्यालय ‘शीतलनिवास’ में प्रचंड के प्रधानमंत्री बनावे के दावा खातिर तइयार बा लो।

रोटेशन के आधार पs प्रचंड आ ओली बनिहे प्रधानमंत्री

बैठक में ओली के आवास बालकोट में ओली, प्रचंड, आरएसपी अध्यक्ष रवि लामिछाने, राष्ट्रीय प्रजातंत्र पार्टी के प्रमुख राजेंद्र लिंगडेन, जनता समन्वयवादी पार्टी के अध्यक्ष अशोक राय सहित आउर लोग भाग लिहल। रोटेशन के आधार पs सरकार के नेतृत्व करे खातिर प्रचंड आ ओली के बीचे समझौता भइल। ओली अपना मांग के मोताबिक, प्रचंड के पहिले प्रधानमंत्री बनावे पs सहमत भइलें।

प्रचंड के एह पार्टियन के मिलल समर्थन

नया गठबंधन के 275 सदस्यीय प्रतिनिधि सभा में 165 सांसदन के समर्थन प्राप्त बा, जेमें सीपीएन-यूएमएल के 78, सीपीएन-एमसी के 32, आरएसपी के 20, आरपीपी के 14, जेएसपी के 12, जनमत के 6 आ नागरिक उन्मुक्ति पार्टी के 3 सीट मिलल बा।

नेपाली कांग्रेस सरकार बनावे में रहल विफल

सीपीएन-यूएमएल के महासचिव शंकर पोखरेल बैठक के बाद संवाददाता लोगन से कहलें कि सबसे बड़ पार्टी के रूप में नेपाली कांग्रेस राष्ट्रपति के समय सीमा के भीतर संविधान के अनुच्छेद 76 (2) के अनुसार अपना नेतृत्व में सरकार बनावे में विफल रहल। अब सीपीएन-यूएमएल 165 सांसदन के समर्थन से प्रचंड के नेतृत्व में नया सरकार बनावे के पहल कइले बा।

प्रचंड आ देउबा के बीच ना बनल बात

एकरा पहले दिन में, प्रधानमंत्री आ नेपाली कांग्रेस के अध्यक्ष शेर बहादुर देउबा द्वारा आपन मांग ना मानला पs प्रचंड नेपाली कांग्रेस के नेतृत्व वाला पांच दलन के गठबंधन से बाहर चल गइलें। देउबा आ प्रचंड पहिले बारी-बारी से नया सरकार के नेतृत्व करे खातिर मौन सहमति पs पहुंचल रहे लोग।

प्रचंड खारिज कइलें नेपाली कांग्रेस के दावा

माओवादी सूत्र बतावल लोग कि अतवार के सबेरे पीएम हाउस में प्रचंड के संगे बातचीत के दौरान नेपाली कांग्रेस राष्ट्रपति आ प्रधानमंत्री दुनो प्रमुख पदन खातिर दावा कइले रहस, जवना के प्रचंड खारिज कs देले रहस, जवना के परिणामस्वरूप वार्ता विफल हो गइल रहे। नेपाली कांग्रेस माओवादी पार्टी के अध्यक्ष पद के पेशकश कइलें, जवना के प्रचंड खारिज कs देलें। शाह एकरा पहिले दिन में कहलें, ‘देउबा आ प्रचंड के बीच अंतिम समय में भइल बातचीत के विफल होखला के कारण गठबंधन टूट गइल बा।’

ओली देले प्रचंड के समर्थन

प्रधानमंत्री देउबा के संगे वार्ता विफल होखला के बाद, प्रचंड प्रधान मंत्री बने खातिर समर्थन मांगे ला सीपीएन-यूएमएल अध्यक्ष ओली के निजी आवास पs पहुंचले। उनका संगे आउर छोटे दलन के नेतो सामिल भइल लो।

नेपाली कांग्रेस सबसे बड़ पार्टी

प्रतिनिधि सभा में 89 सीटन के संगे नेपाली कांग्रेस सबसे बड़ पार्टी बिया, जबकि सीपीएन-यूएमएल आ सीपीएन-एमसी के लगे क्रमश: 78 आ 32 सीट बा। 275 सदस्यीय प्रतिनिधि सभा में कवनो दल के लगे सरकार बनावे खातिर जरुरी 138 सीट नइखे।

अतवार के समाप्त हो रहल बा समयसीमा

संविधान के अनुच्छेद 76(2) के तहत गठबंधन सरकार बनावे खातिर राजनीतिक दलन के राष्ट्रपति बिद्या भंडारी द्वारा दिहल गइल समय सीमा अतवार सांझ के समाप्त हो रहल बा। जदि पार्टी समय सीमा के पूरा करे में विफल रहत बिया, तs राष्ट्रपति या तs समय सीमा बढ़ा सकेले भा राजनीतिक दलन के अनुरोध कइला पs ऊ संविधान के अनुच्छेद 76 (3) के तहत सबसे बड़ पार्टी के सरकार बनावे खातिर बोल लइहें। अइसन में प्रधानमंत्री के 30 दिनन के भीतर एचओआर में बहुमत साबित करे के चाहीं।

सीपीएन (यूनिफाइड सोशलिस्ट) के लगे 10 सीट बा, लोकतांत्रिक समाजवादी पार्टी (एलएसपी) के लगे चार आ नागरिक उन्मुक्ति पार्टी के लगे तीन सीट बा। राष्ट्रीय जनमोर्चा आ नेपाल वर्कर्स एंड पीजेंट्स पार्टी के लगे एक-एक सीट बा। निचला सदन में पांच निर्दलीय सदस्य होखेला लो।

साभार: दैनिक जागरण

420400cookie-checkपुष्प कमल दहल ‘प्रचंड’ तीसरका बेर बनलें नेपाल के प्रधानमंत्री, ओली के नेतृत्व वाला CPN-UML देलस समर्थन

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.