[the_ad_group id="30365"]

निम्मन खबर: सीमेंट उत्पादन खातिर गीडा में लागल पूर्वांचल के पहिला फैक्ट्री, रोजगार के बढ़ी अवसर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गैलेंट समूह पूर्वांचल के पहिला सीमेंट फैक्ट्री गोरखपुर औद्योगिक विकास प्राधिकरण (गीडा) में लगवले बा। एकरा माध्यम से गोरखपुर, बस्ती, देवीपाटन, अयोध्या आ आजमगढ़ मंडल के अलग-अलग जिलन में सीमेंट के आपूर्ति कइल जाई। एक तरे से गोरखपुर सीमेंट उत्पादन के हब बनी। प्रत्यक्ष आ अप्रत्यक्ष रूप से करीब 400 लोगन के रोजगार मिल सकी।

स्टील उद्योग में गोड़ जमवला के बाद गैलेंट इस्पात प्राइवेट लिमिटेड सीमेंट उद्योग में डेग रखले बा। 150 करोड़ रुपिया निवेश कs के गीडा में आधुनिक सुविधा-संसाधन से युक्त सीमेंट फैक्ट्री बनवले बिया। मशीन विदेश से आइल बा। एकरा मदद से हर महीना 60 हजार टन सीमेंट बनावल जाई। सीमेंट के उत्पादन एही महीना से सुरु हो सकेला।

10 लाख टन स्टील बनावेला समूह

गैलेंट समूह के दु गो स्टील प्लांट बा। गुजरात के कच्छ आ गोरखपुर के गीडा प्लांट से सालाना 10 लाख टन स्टील बनावल जाला। एह प्लांटन में पांच हजार कर्मचारी काम करेला लो। समूह के सालाना टर्न ओवर 4000 करोड़ रुपिया बा। समूह के एगो आउर कंपनी बा, जवन आटा तइयार करेले।

साभार: अमर उजाला

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]