[the_ad_group id="30365"]

Adani-NDTV: अदाणी समूह एनडीटीवी में परोक्ष रूप से 29.18 फीसदी के हिस्सेदारी किनी, लॉन्च ऑफरो भइल जारी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अदाणी ग्रुप NDTV (New Delhi Television) मीडिया ग्रुप में 29.18% के हिस्सेदारी किनी। अदाणी ग्रुप के मीडिया कंपनी एएमजी मीडिया नेटवर्क्स लिमिटेड इनडायरेक्ट तरीका से एनडीटीवी में 29.18 फीसदी के हिस्सेदारी किनी।

ई अधिग्रहण एएमजी मीडिया नेटवर्क्स लिमिटेड के पूर्ण सहयोगी इकाई विश्वप्रधान कमर्शियल प्राइवेट लिमिटेड के माध्यम से कइल जाई। एएमजी मीडिया नेटवर्क्स लिमिटेड पs अदाणी एंटरप्राइजेज के मालिकाना हक बा। मीडिया रिपोर्ट्स के मुताबिक अदाणी ग्रुप आगे आउर हिस्सेदारी लेवे खातिर ऑपन ऑफरो पेश कइले बा।

एह ममिला में जारी एगो प्रेस रिलीज के मोताबिक VCPL के लगे RRPR होल्डिंग प्राइवेट लिमिटेड के 99.5% हिस्सेदारी किने के अधिकार रहे। एही अधिकार के तहत ई स्टेक लेवे के फसीला कइले बा। बता दीं कि आरआरपीआर होल्डिंग प्राइवेट लिमिटेड प्रमोटर ग्रुप कंपनी हs। एकरा लगे एनडीटीवी के 29.18% हिस्सेदारी रहे। एकरे के अदाणी ग्रुप किनी।

एह बारे में बतावल गइल बा कि वीपीसीएल 26% से बेसी के हिस्सेदारी ले रहल बिया एहिसे सेबी के नियमन के मोताबिक ओकरा ओपन ऑफर ले आवे के पड़ी। एएमएनएल के सीईओ संजय पुगलिया एह ममिला में कहले बाड़े कि नाया दौर के मीडिया प्लेटफॉर्म के राह में ई अधिग्रहण मील के पत्थर साबित होई।

ऊ कहले, “एएमएनएल भारतीय नागरिकन, उपभोक्ता आ भारत में रुचि रखे वालन के सूचना आ ज्ञान के संगे सशक्त बनावल चाहता बा। समाचारों में आपन अग्रणी स्थिति आ शैलियन आ भौगोलिक क्षेत्रन में आपन मजबूत आ अलग पहुंच के साथे, एनडीटीवी हमनी के दृष्टिकोण के पूरा करे खातिर सबसे उपयुक्त प्रसारण आ डिजिटल प्लेटफॉर्म बा। हमनी के समाचार वितरण में NDTV के नेतृत्व के मजबूत करे खातिर तत्पर बानी जा।”

बता दीं कि NDTV एगो प्रमुख मीडिया हाउस हs जवन एनडीटीवी 24×7, एनडीटीवी इंडिया आ एनडीटीवी प्रॉफिट नाम के तीन गो राष्ट्रीय चैनलन के संचालन करेला। है। बीतल वित्तीय वर्ष में NDTV 123 करोड़ रुपिया के EBITDA के साथे 421 करोड़ रुपये के राजस्व आ वित्त वर्ष 22 में नगण्य ऋण के संगे 85 करोड़ रुपिया के शुद्ध मुनाफा दर्ज कइले बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]