Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

पंजाब के प्रसिद्ध अभिनेत्री दलजीत कौर के निधन, लमहर समय से रहली बीमार

189
पंजाब के प्रसिद्ध अभिनेत्री दलजीत कौर के बियफे के सुबह कस्बा सुधार बाजार में निधन हो गइल। दलजीत कौर एक समय पंजाबी फिल्म जगत पर राज कइले रहली। ऊ कई हिट हिंदी फिल्मन में भी काम कइली। 69 साल के दलजीत कौर पिछले लमहर समय से बीमार चलत रहली।। उनकर अंतिम संस्कार दूपहर 12 बजे कइल जाई।

दलजीत कौर 10 से ज्यादा हिंदी अउर 70 से अधिक पंजाबी फिल्मन में काम कइलें रहली। दिल्ली के लेडी श्री राम कॉलेज ग्रेजुएट दलजीत कौर पुणे फिल्म इंस्टीट्यूट से अदाकारी के शुरुआत कइली। 1976 में उनकर पहिला फिल्म दाज रिलीज भइल। ऊ सुपरहिट पंजाबी फिल्म पुत्त जट्टां दे, मामला गड़बड़ बा, की बणु दुनिया दा, सरपंच अउर पटोला में हीरोइन के मुख्य भूमिका निभवली। उनके पति हरमिंदर सिंह देओल के सड़क हादसा में मौत के बाद ऊ फिल्मन में काम कइल बंद कs दिहनें। उनकर कौनो संतान नाइ रहल। 2001 में ऊ दूबारा फिल्मी दुनिया में प्रवेश कइली अउर उम्र के हिसाब से माई अउर अन्य भूमिका में नजर अइली। ऊ पंजाबी फिल्म सिंह वर्सेस कौर में गिप्पी ग्रेवाल के माई के किरदार निभवली।

दलजीत कौर कबड्डी अउर हॉकी के नेशनल खिलाड़ी भी रहल। ऊ पिछले कुछ साल से दिमाग के गंभीर बीमारी से पीड़ित रहली। एही के चलते ऊ मुंबई से लुधियाना आ के कस्बा गुरुसर सुधार बाजार में अपने एगो रिश्तेदार के घर रहे लगली। उनके अपजे पिछली जिंदगी के बारे में कुछ भी याद नाइ रहल। अंतिम दिन में ऊ बहुत शारीरिक कष्ट सहली अउर बियफे के उनकर मौत हो गइल।

दलजीत कौर के परिवार मूल रूप से जिला लुधियाना के गांव एतिआणा के रहे वाला रहल, लेकिन उनकर कारोबार पश्चिम बंगाल में रहल। दलजीत कौर के जनम 1953 में  सिलीगुड़ी में भइल रहे। उ पिछले 12 साल से कस्बा गुरुसर सुधार बाजार में अपने चचेरे भाई हरजिंदर सिंह खंगूड़ा के लग्गे रहत रहली।

382990cookie-checkपंजाब के प्रसिद्ध अभिनेत्री दलजीत कौर के निधन, लमहर समय से रहली बीमार

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.