[the_ad_group id="30365"]

अंतरराष्ट्रीय हिन्दू परिषद के प्रांतीय बैठकी भइल सम्पन्न

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अंतरराष्ट्रीय हिंदू परिषद/ राष्ट्रीय बजरंग दल के प्रांतीय बैठक प्रेस क्लब गोरखपुर के सभागार में संपन्न भइल। कार्यक्रम के मुख्य अतिथि अंतरराष्ट्रीय हिंदू परिषद के केंद्रीय मंत्री मान्यवर ईश्वर जी रहलें। बैठक के शुभारंभ मुख्य अतिथि दीप प्रज्वलित कs के कइलें।
बैठक के संबोधित करत मुख्य अतिथि अंतर्राष्ट्रीय हिंदू परिषद के केंद्रीय मंत्री मान्यवर ईश्वर जी संगठन के आगामी योजना पs आपन विचार व्यक्त कइलें।

श्री ईश्वर जी कहलें कि देश में महिला पर हो रहल हमला के ध्यान में रखत महिला सुरक्षा का अभियान चलावल जाई। एह अभियान के दौरान कन्या विद्यालय, गांव अउरी बस्ती में महिला सुरक्षा के गोष्ठियन अउरी हैंड विल के वितरण कs के सुरक्षा के उपाय बतावल जाई। संगही युवा लोग के जोड़े खातिर छात्रन के भर्ती अभियान चलावल जाई। विजयादशमी के पर्व पर कन्या पूजन के कार्यक्रम करावल जाई। अउर देश में दुर्गा सप्तशती पाठ बड़ स्तर पर आयोजित कइल जाई। महिला लोग में राष्ट्रीय महिला परिषद से जोड़ल जाई अउरी 5 अक्टूबर के विजयादशमी के दिन 50 लाख घर, गांव अउरी मोहल्ला में शस्त्र पूजन के कार्यक्रम कs के राष्ट्र रक्षा के संकल्प लिहल जाई , उपरोक्त कार्यक्रम की सफलता के लिए गोरक्ष प्रांत के कार्यकर्ताओं की बैठक पर प्रत्येक जिले के प्रभारी नियुक्त किए गए,

बइठक में धनंजय जी, इंद्रजीत जी, चंद्रशेखर जी, राजा प्रताप जी ,संजीव जी, प्रदीप जी, विपुल जी , राकेश मिश्रा आदि प्रमुख कार्यकर्ता उपस्थित रहलें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]