[the_ad_group id="30365"]

आशा कार्यकर्ता लोग दीहल धरना, मानदेय के मांग कइल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

आशा अउरी संगिनी कार्यकर्ता लोग अतवार के कई जगह पर धरना-प्रदर्शन कsके मानदेय सहित अन्य मांगन खातिर हुंकार भरली। जनप्रतिनिधियन के ज्ञापन दे के  बतवली कि मानदेय अउरी अन्य कार्य के भुगतान न होखला से उनके आर्थिक तंगी से जूझे के पड़ रहल बा।
जटहां बाजार प्रतिनिधि के अनुसार, विशुनपुुरा सीएचसी में आशा अउरी संगिनी कार्यकर्ता लोग अतवार के सांसद अउरी कोटवा सीएचसी में खड्डा के विधायक के ज्ञापन सौंपल। एहमें बीतल कई महीना से बकाया मानदेय भुगतान के मांग कइल गइल।
सांसद विजय कुमार दुबे के सौंपल गइल ज्ञापन में आशा अउरी संगिनी कार्यकर्ता कहली कि मानदेय नाइ मिलले से परिवार के सामने आर्थिक तंगी के नौबत आ गइल बा। एके गंभीरता से लेत सांसद सीएमओ से मोबाइल फोन पर बात कs के दू दिन के भीतर मानदेय दियावे खातिर कहलें।
एह दौरान ब्लॉक अध्यक्ष शीला पाल, पूनम मिश्रा, रेनू राय, सीमा, संध्या देवी, मंजू, फूलमती, मीरा, गीता, पुष्पा, नजमा, शबनम आदि लोग मौजूद रहल।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]