Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

बंगाल विधानसभा में नूपुर शर्मा के खिलाफ निंदा प्रस्ताव पारित, अग्निपथ के लेके ममता के बड़ आरोप

253

पैगम्बर मोहम्मद का बारे में आपत्तिजनक बात कहे का चलते भाजपा नेता रहल नूपुर शर्मा का खिलाफ आजु पश्चिम बंगाल विधानसभा में निंदा प्रस्ताव पारित कर दिहल गइल. नूपुर शर्मा के कथित बयान के लेके देश भर में हंगामा मच गईल।

नबी के अपमान के लेके देश के बहुत शहर में हिंसक प्रदर्शन भईल। महाराष्ट्र आ बंगाल समेत कुछ राज्यन में भाजपा प्रवक्ता रहल नूपुर शर्मा का खिलाफ मुकदमा दर्ज करावल गइल बा. उनुका के महाराष्ट्र के भिवंडी पुलिस बोलवले रहे। भाजपा नेता रहल एह पर हाजिर होखे खातिर चार हफ्ता के समय मंगले बाड़न. आजु उनुका कोलकाता पुलिस का सोझा पेश होखे वाला रहुवे. लेकिन उ चार हप्ता के मांग कईले बाड़े।

अभिन ले गिरफ्तारी काहे ना भईल : बनर्जी

ए प्रस्ताव प चर्चा के दौरान मुख्यमंत्री ममता बनर्जी कहले बाड़ी कि ए मामला में जब राज्य में हिंसा भईल त हमनी के कार्रवाई कईनी, लेकिन इ महिला (नूपुर शर्मा) अभी तक कईसे गिरफ्तार ना भईल? हमरा मालूम बा कि उनुका के गिरफ्तार ना कईल जाई। एकरा से पहिले ममता बनर्जी नुपुर के ए टिप्पणी के नफरत फैलावे वाला बतवले रहली। उ कहले रहले कि अयीसन टिप्पणी से ना सिर्फ हिंसा होखेला बालुक सामाजिक विभाजन भी होखेला। ममता आरोपी भाजपा नेता के तुरंत गिरफ्तारी के मांग कईले रहली। दोसरा तरफ नूपुर आजु कोलकाता पुलिस से चार हफ्ता के समय मंगले बा. आजु उनुका पुलिस का सोझा पेश होखे वाला रहुवे.

भाजपा के विधायक वॉकआउट कईले

जब बंगाल विधानसभा इ प्रस्ताव पारित कईलस त भाजपा के विधायक सदन से वॉकआउट कईले। नेता प्रतिपक्ष सुवेन्दु अधिकारी आ मुख्य सचेतक मनोज तिग्गा समेत भाजपा के सात गो विधायकन के निलंबन रद्द भइला का चार दिन बाद ई निंदा प्रस्ताव आइल बा.

ममता के आरोप: भाजपा अग्निपथ के माध्यम से आपन सेना बनावल चाहतिया

अग्निपथ योजना के लेके केंद्र सरकार के आलोचना करत सीएम बनर्जी आरोप लगवले कि भाजपा नयकी रक्षा बहाली योजना के माध्यम से आपन हथियारबंद कार्यकर्ता बनावे के कोशिश करतिया। ममता बनर्जी ए योजना के सशस्त्र बल के अपमान बतवली। उ सोचत रहले कि का भाजपा अपना कार्यालय खाती अग्निवीर के जवान तैनात कईल चाहतिया।

277690cookie-checkबंगाल विधानसभा में नूपुर शर्मा के खिलाफ निंदा प्रस्ताव पारित, अग्निपथ के लेके ममता के बड़ आरोप

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.