[the_ad_group id="30365"]

आजमगढ़ अउरी रामपुर लोकसभा उपचुनाव: आज साँझ के थमी प्रचार, 23 के मतदान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भाजपा आजमगढ़ से भोजपुरी फिल्म अभिनेता दिनेश लाल यादव निरहुआ के मैदान में उतरले बिया। बरिस 2019 में भइल लोकसभा चुनाव में निरहुआ सपा प्रमुख अखिलेश यादव से भइल मुकाबला में हार गइल रहस। सपा एह सीट पs सपा प्रमुख अखिलेश यादव के चचेरा भाई धर्मेन्द्र यादव के उम्मीदवार बनवले बिया जबकि बसपा इहां से पूर्व विधायक आ कारोबारी शाह आलम उर्फ गुड्डू जमाली के प्रत्याशी घोषित कइले बिया। जमाली अबकी बेर भइल विधान सभा चुनाव में ओवैसी के पार्टी आल इण्डिया मजलिस-ए-इत्तेहादुल मुस्लमीन के टिकट पs चुनाव लड़ल रहस बाकिर ऊ हार गइल रहस।

दूसरी ओर रामपुर से सपा उम्मीदवार असीम राजा पिछला चार दशकन से आजम खां के सहयोगी रहल बाड़े जबकि भाजपा इहां से घनश्याम लोधी ले प्रत्याशी बनवले बिया। बसपा इहां आपन उम्मीदवार नइखे उतरले। रामपुर में भाजपा प्रचार के कमान संसदीय कार्य आ वित्त मंत्री सुरेश खन्ना के सउपले बिया। आजमगढ़ में प्रचार के जिम्मा कृषि मंत्री सूर्य प्रताप शाही के दिहल गइल बा। दूसरा ओर एह दुनों जिलों में शराब, बीयर आ भांग के दुकानन के बंद करवा दिहल जाई जवन बियफे 23 जून के साँझ के  मतदान सम्पन्न होखला के बादे खुल सकी।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]