[the_ad_group id="30365"]

JPU के नया रजिस्ट्रार बनलें प्रो. नारायण दास: प्रो. रंजीत कुमार के जगह पs भइल नियुक्ति, BRABU में रहलें कार्यरत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

छपरा के जय प्रकाश यूनिवर्सिटी में बड़ बदलाव भइल बा। वर्तमान रजिस्ट्रार रंजीत कुमार के जगह पs नारायण दास के रजिस्ट्रार नियुक्त कइल गइल बा। बीआरए बिहार विश्वविद्यालय मुजफ्फरपुर के अंगीभूत इकाई एमएसएम समता महाविद्यालय, जंदाहा, वैशाली के सहायक अध्यापक प्रो.(डॉ.) नारायण दास के जयप्रकाश विश्वविद्यालय, छपरा के कुलसचिव बनावल गइल बा।

ऊ कुलसचिव प्रो. (डॉ.) रणजीत कुमार के जगह लिहें। प्रो. नारायण दास के अगिला आदेश तक खातिर रजिस्ट्रार नियुक्त कइल गइल बा। एकरा के लेके राज भवन के ओर  से सोमार के सांझ पत्र जारी कइल गइल बा।

प्रधान सचिव जारी कइलें लेटर

एह संबंध में राज्यपाल-सह-कुलाधिपति के प्रधान सचिव रॉबर्ट एल. चोंगथु पत्र जारी कइले बाड़ें। जारी पत्र में कहल गइल बा कि बिहार राज्य विश्वविद्यालय अधिनियम, 1976 (यथा संशोधित) के धारा 15 के अंतर्गत प्रदत्त शक्तियन के प्रयोग करत कुलाधिपति समुचित विचार-विमर्श के पश्चात प्रो. (डा.) नारायण दास (एमएसएम समता महाविद्यालय, जंदाहा, वैशाली) के जय प्रकाश विश्वविद्यालय, छपरा में तत्काल प्रभाव से अगिला आदेस तक कुलसचिव नियुक्त कइल गइल बा।

एकरा संगही जयप्रकाश विश्वविद्यालय के कुलपति प्रो.(डॉ.) परमेंद्र कुमार बाजपेई रंजीत कुमार के तत्काल कार्यमुक्त करे के कहलें बाड़ें। जेपी विश्वविद्यालय के कुलसचिव बदलल गइला पs विश्वविद्यालय में चरचा के दउर फेर सुरू हो गइल बा। काहेकि पिछिलका चार कुलसचिव जेपी विश्वविद्यालय में आपन कार्यकाल पूरा नइखे कs सकल लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]