[the_ad_group id="30365"]

शहादत दिवस पs निकलल जुलूस अउर आयोजित भइल श्रद्धांजलि सभा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिशा छात्र संगठन अउर नौजवान भारत सभा के ओर से काकोरी एक्शन के शहीदन के शहादत दिवस पs गोरखपुर विश्वविद्यालय के मुख्य गेट से शहीद रामप्रसाद बिस्मिल के शहादत स्थल ले जुलूस निकालल गइल अउर प्रतिमा के सोझे श्रद्धांजलि सभा कइल गइल।

शहीद रामप्रसाद बिस्मिल के शहादत स्थल पs श्रद्धांजलि सभा में दिशा छात्र संगठन के अंजली कहली कि काकोरी एक्शन के चारो शहीदन राम प्रसाद बिस्मिल, अशफ़ाक़ उल्ला खाँ, राजेन्द्र नाथ लाहिड़ी अउर रोशन सिंह समानता अउर न्याय पर टिकल जौने समाज के सपना देखले रहनें, उहों अभिन अधूरा बा। अंग्रेज़न के ख़िलाफ़ लड़त घरी ई क्रान्तिकारी लोग धर्मनिरपेक्षता अउर समाजवाद के उसूल के आपन आदर्श बनवले रहलें। रामप्रसाद बिस्मिल अउर अशफ़ाक़ उल्ला खां आपन दोस्ती से हिन्दू-मुस्लिम एकता के मिसाल क़ायम कइले रहनें। लेकिन आज़ादी के 75 साल बाद आजु देश में एह क्रान्तिकारियन के विरासत के धूल में मिला दिहल गइल बा।

आजुओ हिन्दू-मुस्लिम अउर मन्दिर-मस्ज़िद के नाम पर पूरे देश में लगातार लोग के लड़वले आ बाँटे के साज़िश चल रहल बा। दूसरे ओर जनता के शिक्षा-चिकित्सा-रोज़गार जइसन बहुत बुनियादी ज़रूरतो पूरा नइखे होत। बरिष 2021 में आइल एनसीआरबी के रिपोर्ट के अनुसार एक्के साल में देश में 1 लाख 20 हजार से ढ़ेर युवा लोग आत्महत्या कs लिहल। अइसन दौर में आजु हमनीं के एह क्रान्तिकारियन के विरासत से प्रेरणा लेत अपने एकजुटता क़ायम करे के होई, अउर जाति-धर्म के नाम पर आपस में लड़ले के बजाय अपने अधिकार खातिर आगे अइले के ज़रूरत बा।

ए कार्यक्रम में माया, शेषनाथ, दीपक शर्मा, हरेन्द्र, अदिति, मनोरमा, मुकेश, विकास, रिया, संजना, तन्वी, आशिया, परविता, प्रियांशु,
अंजली अउर राजू आदि छात्र-छात्रा लोग शामिल रहल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]