[the_ad_group id="30365"]

लोंगेवाला के नायक भैरो सिंह राठौर के निधन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

राजस्थान के लोंगेवाला चौकी पर 1971 के भारत-पाकिस्तान युद्ध में अदम्य साहस आ असाधारण वीरता देखावे आला बीएसएफ के पूर्व जवान भैरों सिंह राठौर के सोमार के निधन हो गइल। ऊ 81 बरिस के रहलें। भारत-पाकिस्तान के एह युद्ध में बनल लोकप्रिय फिल्म बॉर्डर में अभिनेता सुनील शेट्टी उनकर किरदार निभवले रहस।

भैरों सिंह राठौर के बेटा सवाई सिंह सनीचर के बतवले रहस कि उनका पिता के तबीयत बिगड़ला आ उनका अंगन में लकवा लगला के बाद 14 दिसंबर के एम्स जोधपुर में भर्ती करावल गइल रहे। चिकित्सक लोग हमरा के बतावल कि हमरा बाबूजी के बेन स्ट्रोक भइल रहे। उनका वीरतापूर्ण कारवाई खातिर उनका 1972 में सेना मेडल मिलल रहे।

पीएम मोदी आ गृहमंत्री अमित शाह जतावल लोग शोक

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आ केंद्रीय गृह मंत्री अमित शाह भैरो सिंह राठौर के निधन पs शोक जतावल लोग। मोदी ट्वीट कइलें, भैरो सिंह के राष्ट्र के सेवा खातिर इयाद कइल जाई। ऊ देस के इतिहास के महत्वपूर्ण मोड़ पs महान साहस देखवलें। उनकर निधन से दुखी बानी।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]