Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

प्रो कबड्डी लीग 2022 : टेबल टॉपर दिल्ली के हरा के पटना पाइरेट्स खोललस जीत के खाता, 4 अंक से हरवलस

500

पटना पाइरेट्स आखिरकार श्री कांतीरवा इंडोर स्टेडियम में जारी वीवो प्रो कबड्डी लीग के नौवें सीजन में जीत के खाता खोल लिहलस। तीन बेर के चैंपियन पटना रोहित गुलिया (13) के नेतृत्व में अपने रेडर के शानदार प्रदर्शन के दम पर एह सीजन के 32वें मुकाबला में मौजूदा चैंपियन दबंग दिल्ली केसी के 37-33 से हरा दिहलस। छह मैच के बाद पटना के पहिला जीत मिलल रहे जबकि एतनही देर में मैच के बाद दिल्ली के पहिला हार मिलल बा।

पटना लिहलस पिछले सीजन के फाइनल के हार के बदला

बीतल सीजन के फाइनल में दिल्ली पटना के हरा के पहिला बेर चैंपियन बनले के गौरव हासिल कइल गइल रहल। ओकरे बाद से पटना जीत के सूखा देखत रहल लेकिन अब एह हिसाब के बराबर करे वाले मुकाबले के साथ उनके वापसी के बिगुल बजा दिहल गइल दिल्ली खातिर नवीन कुमार (13) एक बेर फिर सुपर-10 पूरा कइलें. पटना खातिर सचिन भी 9 अंक जुटवलें। एह मैच से दिल्ली के एक अंक मिलल। एह हार के बावजूद दिल्ली अंक तालिका में पहिले स्थान पर बनल बा। जबकि पटना एक स्थान के छलांग के साथ 11वें स्थान पर पहुंच गइल बा।

दिल्ली हालांकि एह मैच में 4-1 की लीड के साथ शुरुआत कइले रहनें लेकिन रोहित सुपर रेड के साथ स्कोर 4-4 कर दिहलें। नवीन के खिलाफ पटना का डिफेंस लगातार गलतियां कर रहा था. उसका खाता भी नहीं खुला था. उसका खाता भी नहीं खुला था. हालांकि उसने नीरज को लपक खाता खोला और स्कोर 6-6 कर दिया. पटना ने इसके बाद लगातार दो अंक लेते हुए 8-6 की लीड ली. नवीन भी बाहर जा चुके थे. दिल्ली के लिए सुपर टैकल आन था. कृष्ण ढुल ने हालांकि सचिन के सुपर टैकल कs के स्कोर 8-8 कs दिहलें। दिल्ली जल्दिए 10-9 के लीड ले लीहलें अउर फिर रवि रोहित के सुपर टैकल कs के अपना टीम के 12-9 से आगे कs दिहलें।

ऑलआउट के बाद वापसी नाइ कs पवलस दिल्ली

ऑलआउट के बाद सचिन स्कोर बराबर कs दिहलें। फिर पटना पहिला बेर मैच में लीड लिहलें। रोहित आपन तीसरा सुपर-10 पूरा कइलें। फिर नवीन भी एह सीजन के लगातार छठवा सुपर-10 पूरा कइलें। शादलू दूसरा बेर नवीन के आउट कइलें अउर एह तरह पटना 2 अंक के लीड हासिल कइलें। नवीन बाहर रहलें अउर अब पटना के डिफेंस मंजीत के भी लपक लिहलें। दिल्ली 4 अंक के लीड बना लिहले रहनें। दिल्ली खातिर एक बेर फिर सुपर टैकल आन रहल। दिल्ली डू ओर डाई पर खेलत रहल। हालांकि सचिन के डू ओर डाई रेड पर रवि सेल्फ आउट भइल। अब स्कोर 30-25 रहल।

आशू डू ओर डाई रेड पर शादलू के शिकार कइलें अउर फिर 6 के डिफेंस में बोनस लेकर लौटलें. तीन के डिफेंस में रोहित डू ओर डाई रेड पर फिर सफल रहलें। आशू एक बेर फिर दिल्ली के ऑलआउट से बचवलें लेकिन फिर शादलू नवीन के लपक एके अंजाम दे दिहलें। 36-31 के लीड के साथ पटना के पहिला जीत के सुगंध मिल चुकल रहल।

360930cookie-checkप्रो कबड्डी लीग 2022 : टेबल टॉपर दिल्ली के हरा के पटना पाइरेट्स खोललस जीत के खाता, 4 अंक से हरवलस

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.