PKL 2022 में Patna Pirates के अंक तालिका में चौंकावे वाला छलांग, विपक्षी टीम के स्टार रेडर भइले बुरा तरे फ्लॉप 

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 1, 2022

PKL 2022 के 50वां मुकाबले में पटना पाइरेट्स (Patna Pirates) गुजरात जायंट्स (Gujarat Giants) के 34-28 से हरवलस आ अंक तालिका में जबरदस्त छलांग लगावत 11वां से आठवां स्थान प पहुंच गइल। गुजरात जायंट्स के

Share

PKL 2022 के 50वां मुकाबले में पटना पाइरेट्स (Patna Pirates) गुजरात जायंट्स (Gujarat Giants) के 34-28 से हरवलस आ अंक तालिका में जबरदस्त छलांग लगावत 11वां से आठवां स्थान प पहुंच गइल। गुजरात जायंट्स के ई 9 मैचन में चउथा हार ह आ उ अंक तालिका में छठा स्थान प बा।

PKL 2022 में पटना पाइरेट्स के खिलाफ राकेश के निराशाजनक प्रदर्शन

पहिला हाफ के बाद पटना पाइरेट्स मैच में 21-13 के निम्मन बढ़त हासिल क लेले रहे। पहिला हाफ में गुजरात जायंट्स के टीम दु बेर ऑल आउट भइल आ उहे ओकरा खिलाफ चल गइल। गुजरात के डिफेंस पहिला हाफ में बहुत जादे निराश कइलस। पहिला हाफ में पटना पाइरेट्स के तरफ से सचिन आ रोहित गुलिया रेडिंग में सबसे जादे 6-6 पॉइंट लिहल लो। डिफेंस में कप्तान नीरज कुमार दु गो टैकल पॉइंट लेलें।

तस्वीर साभार: पटना पाइरेट्स ट्विटर

गुजरात जायंट्स के तरफ से रेडिंग में महेंद्र गणेश राजपूत 6 आ प्रदीक दहिया 5 पॉइंट लिहल लो। स्टार रेडर राकेश पहिला 20 मिनट में बुरा तरे फ्लॉप रहलें आ खाली 1 पॉइंट ले सकलें। डिफेंस में गुजरात के तरफ से पहिला हाफ के इकलौता पॉइंट शंकर गदई लेलें।

दूसरे हाफ में ब्रेक के बेरा पटना पाइरेट्स आपन बढ़त कायम रखलस आ स्कोर ओकरा पक्ष में 25-17 रहे। ब्रेक के बादो पटना आपन बढ़त के जाये ना देलस। मैच खत्म होखला से कुछ देर पहिल गुजरात स्कोर के 30-24 क देले रहे, बाकिर सचिन अपना सुपर 10 पूरा क के टीम के बढ़त के फेर से 33-24 क देलस। एकरा बाद फेर से गुजरात वापसी क के अंतर के 5 प ले आ देलस।

आखिरी मिनट में पटना पाइरेट्स के टीम ऑल आउट होखे से बच गइल आ 34-28 से मैच जीत लेलस। पटना पाइरेट्स के तरफ से सचिन सुपर 10 के संगे 13 रेड पॉइंट लेलें, ओहिजा रोहित गुलिया 7 रेड पॉइंट लेलें। डिफेंस में कप्तान नीरज आ सुनील दु-दु टैकल पॉइंट लिहल लो।

गुजरात जायंट्स के तरफ से प्रतीक दहिया सुपर 10 के संगे 11 पॉइंट लेलें, ओहिजा महेंद्र गणेश राजपूत 9 रेड पॉइंट लेलें। हालाँकि डिफेंस बहुते खराब प्रदर्शन कइलस जवना के वजह से टीम के हार के सामना करे के पड़ल। एकरा अलावे बेहतरीन फॉर्म में चल रहल राकेश एह मैच में खाली 2 रेड पॉइंट ले सकले।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.