Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

जहरीला शराब के जगह ठंड के मौत के वजह बतवले के देहल जा रहल बा दबाव! मौत 48 लोग के लेकिन पुष्टि लगभग आधा

299

शराबबंदी के बाद से धंधेबाज सब जहवाँ एक ओर नकली शराब के खेल शुरू कइलें अउर दूसरे तरफ सरकारी तंत्र शराब से मौत नाइ स्वीकारे के हथकंडा अपनवलें। हर बेर के तरे एहू बेर अब ले सरकार एके ‘नकली शराब से मौत’ नइखे स्वीकारत। एह बेर मंगर से सारण में शुरू भइल मौत के सिलसिला गुरुवार रात ले जारी बा। एकरे बावजूद मौत के पुष्टि में खेल चल रहल बा। सारण के जिलाधिकारी राजेश मीणा बियफे के दूपहर ले महज 26 मौत के पुष्टि कइलें। अभिनो अलग-अलग स्रोत से मृतकन के 48 जनी के नाम आ रहल बा। सबसे बड़ खेल ई सोझे आ रहल बा कि मरे वालन के परिजन के मुअले के वजह जाड़ बतावे के कहल जा रहल बा।

लाश जरावे खातिर हजार रुपया ले दिहल जा रहल बा हाथोंहाथ

जौने लोग के परिजन के जहरीली शराब से मौत भइल बा, उनकर कहनाम बा कि पुलिस हजार रुपया ले हाथोंहाथ दे रहल बा कि लाश जला द, वरना शराब के केस में बाउर तरीका से फंस जइबs जा। कुछ लोग इहो कहलस कि ठंड से मौत बतावे पs अनुग्रह राशि मिलले के संभावना बनीं, एह लिए शराब के बात नाइ कहे खातिर समझावल जा रहल बा। डीएम प्रेस कांफ्रेंस कs के दू प्राथमिकी अउर चार गिरफ्तारी के जानकारी दिहलें। हालांकि, बतावल जा रहल बा कि पुलिस छापेमारी कs के डेढ़ सौ लोग के हिरासत में लिहले बा।

जहरीला शराब से मूअल लोग के सूची

1. अजय गिरी (पिता- सूरज गिरी, बहरौली),
2. चंदेश्वर साह (पिता- भिखार साह, बहरौली),
3. जगलाल साह (पिता- भरत साह, बहरौली)
4. अनिल ठाकुर (पिता- परमा ठाकुर, बहरौली)
5. सीताराम राय (पिता- सिपाही राय, बहरौली)
6. एकरारुल हक (पिता- मकसूद अंसारी, बहरौली)
7. दूधनाथ तिवारी (पिता- महावीर तिवारी, बहरौली)
8. शैलेंद्र राय (पिता- दीनानाथ राय, बहरौली)
9. हरेंद्र राम (पिता- गणेश राम, मशरक तख्त),
10. नासिर हुसैन (पिता- समसुद्दीन, मशरक तख्त),
11. भरत राम (पिता- मोहर राम, मशरक तख्त),
12. भरत साह (पिता- गोपाल साह, शास्त्री टोला),
13. रामजी साह (पिता- गोपाल साह, शास्त्री टोला),
14. कुणाल सिंह (पिता- यदु सिंह, यदु मोड़),
15. मनोज राम (पिता- लालबाबू राम, दुगरौली),
16. गोविंद राय (पिता- घिनावन राय, पचखण्डा),
17. रमेश राम (पिता- कन्हैया राम, बेन छपरा)
18. जयदेव सिंह (पिता- बिंदा सिंह, बेन छपरा),
19. ललन राम (पिता- करीमन राम, शियरभुक्का),
20. संजय कुमार सिंह (पिता- वकील सिंह, डोइला, इसुआपुर),
21. अमित रंजन उर्फ रिनू (पिता- द्विजेंद्र सिन्हा, डोइला, इसुआपुर)
22. बिचेंद्र राय (पिता- नरसिंह राय, डोइला, इसुआपुर)
23. प्रेमचंद साह (पिता- मुनिलाल साह, रामपुर अटौली, इसुआपुर),
24. दिनेश ठाकुर (पिता- अशर्फी ठाकुर, महुली, इसुआपुर),
25. दशरथ महतो, केसर महतो, डोयला, इसुआपुर
26. उपेंद्र राम (पिता- अक्षलाल राम, अमनौर)
27. उमेश राय (पिता- शिवपूजन राय, अमनौर)
28. सलाउद्दीन मियां (पिता- वकील मियां, अमनौर),
29. विक्की महतो (पिता- सुरेश महतो, मढ़ौरा),
30. मुकेश शर्मा (पिता- बच्चा शर्मा, मशरक),
31. मंगल राय (पिता- गुलराज राय, मशरक),
32. चंद्रमा राम (हेमराज राम, मशरक),
33. जतन साह (पिता- कृपाल साह, घोघिया, मशरक)
34. जय प्रकाश सिंह (पिता- बृजभूषण सिंह, गोपालबाड़ी)
35. विश्वकर्मा पटेल (पिता- श्रीनाथ पटेल, मशरक)
36. सुरेन साह (पिता- जतन साह, घोघिया, मशरक)
37. चंद्रेश्वर साह (पिता- भिखारी साह, बहरौली, मशरक)
38. रंगीला महतो (लालापुर, मढ़ौरा)
39. रमेश महतो (लालापुर, मढ़ौरा)
40. विक्रम राज (पिता- हरिनारायण प्रसाद, खरौनी, मढ़ौरा)
41. सुरेंद्र महतो (पिता- जमुना महतो, लालापुर, मढ़ौरा)
42. सुरेंद्र सिंह (मनी सिरिसिया, अमनौर)
43. विनोद शर्मा (लाला टोला, मढ़ौरा)
44. धूपनाथ सिंह (पिता- बाबूलाल सिंह , घोघिया मशरक)
45. मुकेश कुमार राम (पिता- चंद्रिका राम, मनी सिरसिया, अमनौर)
46. मुकेश कुमार शर्मा (पिता- बच्चा शर्मा, हनुमानगंज, मशरक)
47. नरेश साह (पिता- फुलेना साह, बहरौली मशरक)
48. विक्की कुमार (पिता- बहादुर महतो, चहपुरा, मशरक)

 

साभार – अमर उजाला

411710cookie-checkजहरीला शराब के जगह ठंड के मौत के वजह बतवले के देहल जा रहल बा दबाव! मौत 48 लोग के लेकिन पुष्टि लगभग आधा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.