कोलंबो में प्रदर्शनकारी के रोके खातिर हवाई फायरिंग, आपातकाल के बीच स्थिति बेकाबू

कुमार आशू

श्रीलंका में आजुकाल्हु ऐतिहासिक आर्थिक संकट के सामना करे के पड़त बा. इहाँ के राष्ट्रपति भवन प जनता अपना कब्जा में ले लेले बिया। ओने खबर बा कि राष्ट्रपति गोताबाया राजापक्ष आजु सबेरे कोलंबो से भाग के मालदीव चल गइल बाड़न. उ अपना पत्नी अवुरी दु अंगरक्षक के संगे वायुसेना के एगो विशेष विमान में देश से भाग गईल बाड़े। आज गोटाबाया के राष्ट्रपति पद से भी इस्तीफा देवे के रहे। राष्ट्रपति के देश छोड़े के खबर से प्रदर्शनकारी फेर से भड़क गईल बाड़े। हजारो प्रदर्शनकारी संसद आ प्रधानमंत्री कार्यालय चहुँप गइल बाड़े. सेना अवुरी प्रदर्शनकारी आमने-सामने बाड़े। ओने श्रीलंका में आपातकाल लागू कर दिहल गइल बा.

प्रदर्शनकारी के रोके खातिर हवाई फायरिंग

कोलंबो में प्रधानमंत्री आवास के बहरी जुटल हजारों प्रदर्शनकारी के रोके खाती सुरक्षाकर्मी गोलीबारी कईले बाड़े। आवास के बाहर गोलीबारी के आवाज सुनाई देलस। बतावल जाता कि सुरक्षाकर्मी हवा में फायरिंग कईले।

Share This Article